- बिहार: बिहार भाजपा अध्यक्ष सम्राट चौधरी बोललें – विपक्षी एकता में सभे प्रधानमंत्री बनल चाहत बा; गिरिराज सिंह नीतीश के बतवलें अमरलती के पौधा, कहलें- 17 साल से राजनितिक सहारा पs बाड़ें। ममता बनर्जी बंगाल के विपक्षी दल सीपीएम के एकता में साथ होखला पs समर्थन ना देवे के बात कहली।
- बिहार: छपरा के लईकी हरियाणा के किशोरी से कइलस बियाह; फेसबुक पs लईका बन के 3 महीना चैटिंग कइलs, फेर में मुंबई में बियाह कइलस।
- उत्तर प्रदेश: राजनाथ सिंह बोललें- पब्लिक के नेता लोगन से विश्वास उठ रहल बा; लखनऊ में रक्षा मंत्री कहलें- नेता ‘नs’ आ ब्यूरोक्रेट्स ‘हs’ कहल सीख जाव तs देस के कल्याण हो जाई। धैर्य से काम लेला पs कामयाबी जरूर हासिल होई।
- उत्तर प्रदेश: गीता प्रेस के 2021 के गांधी शांति पुरस्कार; गांधीवादी तरीकन से सामाजिक परिर्वतन के दिशा में जोगदान खातिर चुनल गइल, सीएम देलें बधाई। संस्कृति मंत्रालय अतवार के एकर घोषणा कइलस।
- झारखंड: झारखंड के स्कूलन में छुट्टी तीसरा बेर बढ़ल; आठवीं तक के स्कूल 21 जून तक बंद रही, 9वीं से 12वीं तक के क्लास 11 बजे तक चली। पहिला बेर 14 जून आ दूसरा बेर 17 जून तक खातिर बंद करे के दिहल गइल रहे आदेस।
- यूपी-बिहार में हीटवेव, 3 दिन में 98 के मौत: बलिया में 400 लोग अस्पताल में भरती, असम के 13 जिलन में बाढ़, 38 हजार प्रभावित।
- बबीता फोगाट बोलली- बृजभूषण के खिलाफ धरना के परमिशन हम ना दिलवनी: साक्षी मलिक के दावा झूठा, ऊ कांग्रेस के हाथ के कठपुतली बन चुकल बाड़ी। भाजपा नेता तीर्थ राणा के साक्षी के जवाब- हम पहलवानन से ना, ऊ हमरा से मिलल रहे लो।
- JEE एडवांस्ड परीक्षा के रिजल्ट जारी: हैदराबाद के वीसी रेड्डी टॉप कइलें, 43 हजार 773 स्टूडेंट्स सफल भइल लो। संगही 13 बिदेसी छात्रन के मिलल बा सफलता।
- पाकिस्तान के डिफॉल्ट होखे के खतरा बढ़ल: IMF लोन देवे खातिर तइयार नइखे, जून के आखिर तक 4 अरब डॉलर चाही।
- चिराग-सात्विक के जोड़ी जीतलस इंडोनेशिया ओपन बैडमिंटन: ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय जोड़ी; मलेशियाई जोड़ी के एक घंटा सात मिनट में 21-17, 21-18 से हरावल।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 18, 2023
बिहार: बिहार भाजपा अध्यक्ष सम्राट चौधरी बोललें – विपक्षी एकता में सभे प्रधानमंत्री बनल चाहत बा; गिरिराज सिंह नीतीश के बतवलें अमरलती के पौधा, कहलें- 17 साल से राजनितिक सहारा पs बाड़ें। ममता बनर्जी बंगाल
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






