Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

COVID-19: अमेरिका में कोरोना के कहर जारी, हफ्ता में एक लाख से जादे लईका संक्रमित

325

अमेरिका में कोरोना पॉजिटिव लईकन के संख्या में लगातार बढ़न्ती देखे के मिल रहल बा। अमेरिकन एकेडमी आफ पीडियाट्रिक्स (एएपी) आ चिल्ड्रन हास्पिटल एसोसिएशन के एगो रिपोर्ट में सामने आइल बा कि अमेरिका में बीतल हफ्ता में 107,000 से जादे लईका कोरोना पॉजिटिव हो गइले।

अमेरिकन एकेडमी आफ पीडियाट्रिक्स (एएपी) आ चिल्ड्रन हास्पिटल एसोसिएशन के ई रिपोर्ट चिंता बढ़ावे आला बा। काहेकि अमेरिका में लईकन के कोरोना पॉजिटिव ममिला में लगातार छउवा बेर बढ़न्ती भइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, जब से देश में कोरोना कहर बरपावल शुरू कइले बा तब से करीब 1.3 करोड़ बच्चन के कोरोना टेस्ट कइल गइल बा। जवना में से बीतल चार हफ्ता में करीब 316,000 बच्चन के टेस्ट पॉजिटिव आइल बा।

फाइजर के दावा- पांच साल से कम उमिर के बच्चन के तीन खुराक देहल जरूरी

वैक्सीनमेकर कंपनी फाइजर दावा कइले बा कि कंपनी द्वारा तइयार कइल गइल वैक्सीन के तीन खुराक बच्चन के सुरक्षा प्रदान करी। अमेरिका में कोरोना के बढ़त ममिला के देखत लोग अपना बच्चन के जल्दी से जल्दी वैक्सीन दियावल चाहत बा लो।

रिपोर्ट के मोताबिक, कंपनी सोमार के बतवलस कि पांच से कम उमिर के छोट बच्चन के कोरोना वैक्सीन फाइजर के तीन खुराक देहल जरूरी बा। एसे बच्चन के सुरक्षा प्रदान होई। एगो ट्रायल में इहे बात सोझा आइल बा। जवना में पांच साल से कम उमिर के बच्चन के तीन खुराक दिहल गइल। जेकरा बाद कमाल हो गइल। बच्चन में वायरस से लडे एंटीबॉडी आ गइल। फाइजर एह सप्ताह के बाद अमेरिकी नियामकों डेटा देवे के तइयारी में बा।

जानकारी के मोताबिक, अमेरिका में फिलहाल पांच साल से कम उमिर के 18 मिलियन अइसन लईका बा लो जेकरा के वैक्सीन लगावल जा सकत बा। पिछला साल नवंबर में 5 से 11 साल के बच्चन ला फाइजर के कोरोना वैक्सीन आइल रहे। तब से अब ले मात्र 30 फीसदी के करीब वैक्सीन लगावल गइल बा।

फाइजर पहिले कहले रहे कि 6 महीना से चार साल के बच्चन के कोरोना के कहर से बचावे खातिर वैक्सीन के दसवां हिस्सा देवे के बा। बाकिर जब बाद में ट्रायल कइल गइल तs सामने आइल कि बच्चन के वैक्सीन के दु खुराक के बजाय तीन खुराक देहल जरूरी बा। ट्रायल में करीब 1,600 जुवा के शामिल कइल गइल रहे। एमे आवे आला बच्चन के उमिर 6 महीना से चार साल तक रहे।

257470cookie-checkCOVID-19: अमेरिका में कोरोना के कहर जारी, हफ्ता में एक लाख से जादे लईका संक्रमित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.