Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर मंदिर अटैक: बहादुर जवानन के 5-5 लाख रूपिया के इनाम

132

एसीएस (गृह)अवनीश अवस्थी कहले कि 2कांस्टेबल, पी॰ ए॰ सी॰  गो पीएसी आ एगो पुलिस के जवान हमला में घायल भइल बा लो। ऊ लोग बहदुरी से हमला के विफल कइले बा लो। एह तीनों बहादुर जवान लो के 5-5 लाख रूपिया इनाम में दिहल जाई। ममिला के जांच चल रहल बा, बेसी कुछ बतावल जांच के बादे संभव हो पाई।

हमला के नाकाम करे आला बहादुर जवान लो के नाव

  1. श्री गोपाल गौड़, कांस्टेबल, पी॰ ए॰ सी॰
  2. श्री अनिल पासवान, कांस्टेबल, पी॰ ए॰ सी॰
  3.  श्री अनराग राजपूत, कांस्टेबल, नागरिक पुलिस

सीएम योगी घायल जवान से मिलले 

ओने, मंदिर पs हमला के खबर मिलला के बाद मुख्यमंत्री योगी सोमार के साँझ के गोरखपुर पहुंचले आ घायल जवानन के हाल जनले। ओकरा बाद सीएम योगी गोरखनाथ मंदिर पहुंचले।

घायल जवान के हाल लेत सीएम योगी
236650cookie-checkगोरखपुर मंदिर अटैक: बहादुर जवानन के 5-5 लाख रूपिया के इनाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.