अनिल देशमुख के कार पs पथराव, कपार फाटल, गाड़ी के सीसा टूटल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2024

    महाराष्ट्र के गृहमंत्री रहल आ एनसीपी शरद गुट के नेता अनिल देशमुख नागपुर के काटोल विधानसभा क्षेत्र के नरखेड से चुनावी बइठक खतम कइला के बाद काटोल के ओर आवत रहले, तबे काटोल

Share

अनिल देशमुख के कार पs पथराव

 

 

महाराष्ट्र के गृहमंत्री रहल आ एनसीपी शरद गुट के नेता अनिल देशमुख नागपुर के काटोल विधानसभा क्षेत्र के नरखेड से चुनावी बइठक खतम कइला के बाद काटोल के ओर आवत रहले, तबे काटोल जलालखेडा रोड कs केहू उनुका गाड़ी पs पत्थरबाजी करे लागल जवना के अनिल देशमुख बतवले बाड़न माथा पs लागल बा आ घवाहिल हो गइल बा. अनिल देशमुख के इलाज खातीर काटोल अस्पताल पहुंचावल गईल बा।  अनिल देशमुख के बेटा सलिल देशमुख काटोल से महाविकास अघाडी से चुनाव लड़त बाड़े, अनिल देशमुख सलिल देशमुख के प्रचार करे खातिर नरखेड गइल रहले. उs गाड़ी में बईठल रहले कि उनुका गाड़ी पs पथराव हो गईल। पत्थर उनका माथा पs लागल आ माथा से खून बहे लागल।

हमला के बाद तस्वीर अवुरी वीडियो में देखल जा सकता कि अनिल देशमुख पs भईल हमला केतना खतरनाक बा।  तस्वीर में साफ-साफ देखाई देता कि गाड़ी में ड्राइवर के बगल में सीट पs अनिल देशमुख बईठल बाड़े अवुरी उनुका गाड़ी के सीसा टूट गईल बा। ओकर माथा से खून बहत बा आ ऊ बेहोश हो रहल बा.

देशमुख अपना बेटा के प्रचार करे गईल रहले

अनिल देशमुख पs हमला कटोल-जललखेड़ा सड़क पs भईल जब उs अपना बेटा सलिल देशमुख के प्रचार खातीर नरखेड में जनसभा से लवटत रहले।  महाराष्ट्र में होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर वोटिंग 20 नवंबर के होखे वाला बा आ रिजल्ट 23 नवंबर के आई. सोमार के दिने वोट देबे से पहिले प्रचार के आखिरी दिन रहुवे आ देशमुख अपना बेटा खातिर प्रचार कs के लवटत रहले.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.