[the_ad_group id="30365"]

गोरखनाथ मंदिर पs अटैक आतंकी हमला: ADG बोलले- हमलावर मुर्तजा के लैपटाप से मिलल आतंकी वारदात कावर इशारा करत बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखनाथ मंदिर पs भइल हमला आतंकी साजिस रहे। एडीजी लॉ एंड ऑर्डर प्रशांत कुमार एह बात के कहले। ऊ बतवले कि अब तक का जांच में जवन तथ्य सोझा आइल बा ओकरा आधार पs ई कहल जा सकत बा कि ई आतंकी घटना हs। प्रशांत कुमार इहो कहले कि हमलावर अहमद मुर्तजा अब्बासी के लगे से जवन चीझ आ दस्तावेज मिलल बा, ओकरा के देख के ई लागत बा कि ई बड़ साजिस के तइयारी रहे।

काहेकि, ऊ दस्तावेज बहुते सनसनीखेज बा। एहिसे पूरा ममिला के जांच एटीएस आ एसटीएफ के सउपल गइल बा। एह ममिला में महराजगंज से दु गो संदिग्धन के हिरासत में लिहल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि धराइल इहे दुनो नवहा मुर्तजा के बाइक से मंदिर के गेट पs छोड़ले रह सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]