भारत महिला एशियन हॉकी चैंपियनशिप के फाइनल जीतल: चीन के 1-0 से हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2024

पटना। बिहार के राजगीर में महिला एशियन हॉकी चैंपियनशिप ट्राफी पs भारत  कब्जा जमा लेले बा। टीम इंडिया चीन के कड़ा मुकाबला में 1-0 से हरा देले बिया। राजगीर स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स में सांझ पौने पांच

Share

पटना। बिहार के राजगीर में महिला एशियन हॉकी चैंपियनशिप ट्राफी पs भारत  कब्जा जमा लेले बा। टीम इंडिया चीन के कड़ा मुकाबला में 1-0 से हरा देले बिया। राजगीर स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स में सांझ पौने पांच बजे भारत आ चीन के महिला हॉकी टीमन के बीच फाइनल मुकाबला सुरू भइल रहे। 3 हजार के कैपिसिटी वाला स्टेडियम दर्शकन से पूरा भरल रहल। लोगन के जोश हाई बा। तिरंगा लहरावल गइल। जय श्रीराम के नारो लागल।

तीसरका क्वार्टर के पहिला मिनट (31वां) में दीपिका टीम इंडिया के पहिला गोल दिलवली। स्टेडियम में दर्शक खासा उत्साहित बा लो। मशहूर फिल्मी गानन पs दर्शक झूम रहल बा लो। तीसरका क्वार्टर के खेल खत्म होखला के बाद भारत 1-0 से आगे बा।

पहिला आ दूसरका क्वार्टर के कुल 30 मिनट के खेल में दुनो टीम कवनो गोल ना कs सकल। भारत आ चीन के टीम 0-0 के बराबरी पs रहल। दूसरका क्वार्टर में भारत के 4, चीन के 2 पेनाल्टी कार्नर मिलल। हालांकि कवनो टीम एकरा के गोल में ना बदल सकल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.