Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महिला वर्ल्डकप 2022 : 10 करोड़ के बा टूर्नामेंट, भिड़ी 8 देस के टीम, होई 31 गो मैच

6 मार्च के बा भारत पाकिस्तान के मैच

217

ICC महिला वर्ल्ड कप के सुरुआत 4 मार्च से न्यूजीलैंड में हो रहल बा। पहिला मोकाबिला न्यूजीलैंड अउर वेस्टइंडीज के बीच खेलल जाई। उहवें, दुसरका मोकाबिला में बांग्लादेश के टीम साउथ अफ्रीका से भिड़े आली बिया। टीम इंडिया आपन पहिला मोकाबिला पाकिस्तान के संगे 6 मार्च के खेली।

न्यूजीलैंड महिला वर्ल्ड कप के मेजबानी क रहल बा। टूर्नामेंट 3 अप्रैल ले चली। एमें 8 देशन के टीम भाग ले रहल बिया। ई टीम भारत, न्यूजीलैंड, ऑस्ट्रेलिया, पाकिस्तान, इंग्लैंड, वेस्टइंडीज, बांग्लादेश अउर साउथ अफ्रीका ह। फाइनल सहित्ते 31 मैच खेलल जाई। भारत अपने अभियान के शुरुआत 6 मार्च के पाकिस्तान के खिलाफ करी। टीम इंडिया के वर्ल्ड कप में 7 मोकाबिला खेले के बा। भारत के सगरी मैच डे-नाइट होई, लेकिन न्यूजीलैंड में मैच होखले के कारन रउआ मोकाबिला भारत में बिहाने 6.30 बजे से देख पाइब।

223140cookie-checkमहिला वर्ल्डकप 2022 : 10 करोड़ के बा टूर्नामेंट, भिड़ी 8 देस के टीम, होई 31 गो मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.