IND vs AUS 1st Test: ऑस्ट्रेलिया अश्विन-जडेजा के सोझा घुटना टेकलस, टीम इंडिया के पारी के अंतर से मिलल जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2023

भारत ऑस्ट्रेलिया (IND vs AUS) के खिलाफ टेस्ट सीरीज के पहिला मैच तीसरके दिन जीत लेलस। भारतीय टीम मुकाबला के एक पारी आ 132 रनन से अपना नामे कइलस। पहिला पारी में 177 रन बनावे

Share

भारत ऑस्ट्रेलिया (IND vs AUS) के खिलाफ टेस्ट सीरीज के पहिला मैच तीसरके दिन जीत लेलस। भारतीय टीम मुकाबला के एक पारी आ 132 रनन से अपना नामे कइलस। पहिला पारी में 177 रन बनावे वाली ऑस्ट्रेलिया के टीम दूसरका पारी में खाली 88 रनन पs ऑलआउट हो गइल। टीम इंडिया अपना पहिला पारी में 400 रन बनवले रहे। एह जीत के संगही भारत 4 मैचन में बॉर्डर गावस्कर ट्रॉफी में 1-0 के बढ़त बना लेले बा।

स्पिन के सोझा डललस हथियार

ऑस्ट्रेलिया के टीम दूसरका पारी में भारतीय स्पिनर के सोझा पूरा तरे हथियार डाल देलस। दूसरके ओवर में रविचंद्रन अश्विन सलामी बल्लेबाज उस्मान ख्वाजा (5) के पवेलियन भेज देलें। दूसरका विकेट खातिर लाबुशेन आ वॉर्नर 19 रन जोड़ल लो। 17 रन बनाके लाबुशेन एक बेर फेर रविंद्र जडेजा के शिकार बनलें। एकरा बाद तs अश्विन विकेट के झड़ी लगा देलें। ऊ डेविड वॉर्नर (10) के एलबीडब्ल्यू कइलें। फेर मैट रेनशॉ (2), पीटर हैंड्सकॉम्ब (6) आ एलेक्स कैरी (10) अश्विन के गेना पs एलबीडब्ल्यू हो गइलें। एकरा संगही ऊ 31वीं बार टेस्ट मैच के पारी में 5 विकेट झटकलें।

एक छोर पs स्टीव स्मिथ टिकल रहलें बाकिर दूसरका छोर से लगातार विकेट गिरत रहे। रविंद्र जडेजा पैट कमिंस के आउट कs के ऑस्ट्रेलिया के 67 रन पs सातवां झटका दे देलें। टॉड मर्फी के आउट कs के अक्षर पटेल मैच में आपन पहिला विकेट हासिल कइलें। एकरा बाद शमी नाथन लायन के बोल्ड कइलें। शमी बोलैंड के आउट कs के ऑस्ट्रेलिया के पारी के अंत कs देले। स्मिथ 25 रन बनाके नाबाद रहलें।

अक्षर टीम के 400 तक पहुंचवलें

एकरा पहिले मैच के तीसरका दिन के पहिला सेशन में अक्षर पटेल के 84 आ मोहम्मद शमी के 37 रन के मदद से भारत 400 रन ठोक देलस। अक्षर आ शमी नौवां विकेट खातिर 52 रन के साझेदारी कइल लो। भारत दूसरका दिन के स्कोर सात विकेट पs 321 रन से आगे खेलल सुरू कइलस। रविंद्र जडेजा बिहनही के स्कोर 70 रन पs टॉड मर्फी के आपन विकेट गंवा बइठलें। पिच में तीसरको दिन बहुत बदलाव ना देखल गइल आ धीमी पिच पs बल्लेबाजन के जादे परेसानी ना भइल।

भारतीय पारी के अंत होखतही लंच ब्रेक ले लिहल गइल। शमी के नाथन लियोन के गेना पs स्कॉट बोलैंड छव के स्कोर पs जीवनदान देलें। एकरा बाद शमी आस्ट्रेलिया के मैच के सर्वश्रेष्ठ गेंदबाज मर्फी के तीन छक्का लगवलें। ऊ पहिले मिडविकेट पs स्लॉग स्वीप खेलले, एकरा बाद लॉन्ग ऑफ में स्ट्रेट ड्राइव लगवलें आ फेर लॉन्ग ऑन पs छक्का जड़लें। उनकर आक्रामक पारी के दम पs 50 रन के साझेदारी महज 65 मिनट में बन गइल। पटेल शमी के जादे स्ट्राइक लेवे देले। शमी चउथा छक्का लगावे के प्रयास में आपन विकेट गंवा बइठलें। एकरा बाद पटेल मर्फी के अपना पारी के पहिला छक्का लगवलें। ऑस्ट्रेलियाई कप्तान पैट कमिंस पटेल के बोल्ड कs के भारतीय पारी के अंत कइलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.