[the_ad_group id="30365"]

शुभमन गिल के तबीयत बिगड़ल, डेंगू भइल: वर्ल्ड कप के पहिला मैच खेले पs संशय; ऑस्ट्रेलिया से 8 अक्टूबर के भिड़ी टीम इंडिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के ओपनर शुभमन गिल के तेज बुखार बा। उनकर डेंगू टेस्ट पॉजिटिव आइल बा। भारत वर्ल्ड कप 2023 में अपना पहिला मैच अतवार माने 8 अक्टूबर के चेन्नई में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेली। एह मैच में गिल के खेले पs संशय बन गइल बा। गिल के गैरमौजूदगी में ईशान किशन आ रोहित शर्मा ओपनिंग कs सकत बा लो।

रिपोर्ट के मोताबिक, गिल बियफे के एमए चिदंबरम स्टेडियम में टीम के नेट सेशन में हिस्सा ना लेलें। गिल के सुक माने आज एगो आउर टेस्ट होई, जवना के बाद खेले पs फैसला कइल जाई।

चेन्नई पहुंचला के बाद से गिल के तेज बुखार

PTI के BCCI के एगो सूत्र ने बतवलें, ‘चेन्नई पहुंचला के बाद से शुभमन के तेज बुखार बा। उनकर टेस्ट कइल जा रहल बा। सुक के उनकर आउर टेस्ट होई आ सुरुआती मैच में उनका खेलला पs फैसला कइल जाई।’ सूत्र कहलस, पता चलल बा कि गिल के डेंगू खातिर टेस्ट कइल जा रहल बा आ अइसे में ऊ कुछ मैच ना खेल पइहें।

गिल 2023 में वनडे में भारत के टॉप स्कोरर

शुभमन गिल एह साल सानदार फॉर्म में बा। गिल 2023 में वनडे में भारत के टॉप स्कोरर बाड़ें। ई ओपनर 2023 में 20 वनडे मैचन में 72.35 के औसत आ 105.03 के स्ट्राइक रेट से 1,230 रन बनवलें बाड़ें। उनका 6 वनडे शतकन में से 5 शतक एही साल आइल बा।

भारत के पहिला मैच ऑस्ट्रेलिया से

वनडे वर्ल्ड कप में मेजबान भारत के पहिला मैच 8 अक्टूबर के ऑस्ट्रेलिया से चेन्नई में होई। लीग स्टेज में 9 टीमन के खिलाफ भारत 9 अलग-अलग वेन्यू पs खेली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]