भारत के वित्तीय नियामक सिक्योरिटी एंड एक्सचेंज बोर्ड ऑफ इंडिया (सेबी) पिछला हफ्ता नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (एनएसई) में गड़बड़ी के लेके कई चकुआए आला खुलासा कइनें सब। सेबी एनएसई के पहिले के मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) अउर प्रबंधन निदेशक (एमडी) चित्रा रामकृष्ण पs तीन करोड़ रुपया के जुरमानो लगवनें। आरोप बा कि चित्रा स्टॉक एक्सचेंज के कई गुपचुपहा जानकारी बिना पहचान आला आदमी से बता देहली। ए अनजान आदमी के सलाह पs ऊ एनएसई में एगो नया पद बनवलस अउर एगो सरकारी कंपनी के छोटहन के अधिकारी के ए पद पs बइठा देहली।
सबसे अचरज के बात त ई हवें कि सेबी जब चित्रा से सवाल पूछलस त ऊ कहली कि ए सब फैसलन खातिर उनके ‘हिमालय के एगो जोगी’ सलाह देहले रहनें, जेके ऊ न कब्बो अपनिए देखली अउर न कब्बो बतियवले रहली। चित्रा कहली कि ऊ बस ए रहस्यमयी जोगी के ई-मेल के आधार पs आपन फैसला लेत रहली।
साभार – अमर उजाला