[the_ad_group id="30365"]

नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा खातिर करे के होई इंतजार: बिहार बोर्ड कs सकत बा परीक्षा के आयोजन, 3.75 लाख नियोजित शिक्षकन के मिली राज्यकर्मी के दर्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के लगभग 3.75 लाख नियोजित शिक्षकन के सरकार राज्यकर्मी के दर्जा देवे के निर्णय तs ले लेले बा। बाकिर तमाम नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा पास कइला के बादे राज्यकर्मी के दर्जा दिहल जाई।

एकरा के लेके तइयारियन सुरू कs दिहल गइल बा। एह परीक्षा के आयोजन बिहार विद्यालय परीक्षा समिति माने बिहार बोर्ड के माध्यम से होई भा फेर एससीईआरटी के माध्यम से, जनवरी सुरू में ई तय हो जाई। एकरा पहिले नियोजित शिक्षकन के जवन टीईटी भा फेर एसटीईटी परीक्षा लिहल गइल बा। ऊ एससीईआरटी के माध्यम से लिहल गइल बा।

बिहार बोर्ड के माध्यम से लिहल जा सकत बा परीक्षा

शिक्षा विभाग बिहार बोर्ड के माध्यम से परीक्षा लेवे के तइयारी में लागल बा। हालांकि अभी आवे वाला जनवरी आ फरवरी में बिहार बोर्ड के इंटरमीडिएट, मैट्रिक के परीक्षा के बाद एसटीईटी, विशेष शिक्षक पात्रता परीक्षा के बाद बीबोस आ पूरक परीक्षा लेवे के बा।

संभावना जतावल जा रहल बा कि जून तक मय नियोजित शिक्षकन के इंतजार करे के पड़ी आ ओकरा बाद बोर्ड ओह लोगन खातिर एह परीक्षा के आयोजन कs सकत बा। नवंबर में विशिष्ट शिक्षक नियमावली पास हो जाता तs दिसंबर अंत तक भा 15 जनवरी तक सक्षमता परीक्षा ले लिहल जाइत। बाकिर नियमावली दिसंबर के अंतिम सप्ताह में पारित भइल बा। एह कारण पौने चार लाख नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा देवे खातिर अभी इंतजार करे के पड़ सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]