स्पोर्ट्स डेस्क: भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव जारी बा। पाकिस्तानी सेना भारत के सीमावर्ती इलाकन के निशाना बना रहल बिया आ हमला कs रहल बिया, जवना के भारतीय सेना माकूल जवाब दे रहल बिया। एकरा पहिले, भारतीय सेना ऑपरेशन सिंदूर के माध्यम से नव आतंकी ठिकानन के तबाह कs देले रहे आ पहलगाम हमला के बदला लेले रहे, जवना से भारतीय जवानन के पराक्रम के पूरा दुनिया दीवानी हो गइल। एह कड़ी में एगो नाम ऑस्ट्रेलिया के स्टार क्रिकेटर जोश हेजलवुड के जुड़ गइल बा। ऊ सुक के भारतीय सेना के समर्थन में पोस्ट कइलें आ ओकरा तारीफ में कसीदा पढ़लें।
‘रउआ लोग महान बानी’
हेजलवुड लिखलें- एगो ऑस्ट्रेलियाई क्रिकेटर के रूप में, हम हमेसा कवनो चुनौती के खिलाफ मजबूती से खड़ा होखे के भावना में विश्वास कइले बानी, ठीक ओइसने जइसे हमनी के बहादुर भारतीय सशस्त्र बल पाकिस्तान इस्थित आतंकवादियन के खिलाफ लड़ रहल बा लो। भारत के सैनिकन से हम अपना दिल के गहराई से कहल चाहता बानी कि रउआ लोग निश्चित रूप से महान बानी। अपना देस के रक्षा खातिर रउआ सभे के साहस, बलिदान आ अटूट प्रतिबद्धता लाखन लोगन के प्रेरित करती है, जवना में हमहूं सामिल बानी।
‘हम रउआ लोगन के समर्थन करत बानी’
हेजलवुड आगे लिखलें- ‘हर दिन रउआ लोग शांति आ एकता के मूल्यन के रक्षा करत धैर्य आ दृढ़ संकल्प के संगे अकल्पनीय बाधा के सामना करत बानी। जान लीं कि रउआ लोग के लड़ाई खाली भारत खातिर ना बलुक एगो सुरक्षित दुनिया के उम्मीद खातिर बा। हमनी के ऑस्ट्रेलियाई रउआ लोगन के लचीलापन के प्रशंसा करत बानी सs, आ हम खाली एगो क्रिकेटर के रूप में ना बलुक एगो अइसन व्यक्ति के रूप में रउआ लोगन के उत्साहवर्धन कs रहल बानी जवन सही खातिर खड़ा होखे के शक्ति में विश्वास करेला। मजबूत रहीं, सुरक्षित रहीं आ जानीं कि दुनिया भर में राउर साथी रउआ लोगन के समर्थन कs रहल बानी।’ बता दीं कि, जोश हेजलवुड में आईपीएल में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) के हिस्सा बा।
पाकिस्तान के हमला के भारतीय सेना कइलस नाकाम
22 अप्रिल के जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के खिलाफ पाकिस्तान में चलावल गइल भारत के ऑपरेशन सिंदूर से बौखलाइल पाकिस्तान बियफे के रात भारत के सैन्य ठिकानन के निशाना बनावे के कोसिस कइले रहे, जवना के भारतीय सेना पूरा तरे नाकाम कs देलस। अइसने सुक के रात भइल। पाकिस्तान के सेना भारत पs एक बेर फेर हमला के कोसिस कइलस, जवना के भारतीय सेना नाकाम कs देलस।
Read Also: IPL के लेके भइल बड़ ऐलान, टूर्नामेंट अनिश्चितकाल खातीर स्थगित