[the_ad_group id="30365"]

Dengue Vaccine: 10335 लोगन के लागी डेंगू के टीका, देस में 19 जगहन पs 18-60 उमिर के लोगन पs होई परीक्षण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डेंगू बोखार के रोकथाम खातिर डेंगीऑल नामक टीका के असर जाने खातिर 10,335 स्वस्थ वयस्कन पs क्लीनिकल परीक्षण कइल जाई। परीक्षण में हिस्सा लेवे वाला लोगन के उमिर 18 से 60 साल होई।

बायोमेडिकल वैज्ञानिक डॉ. शीला गोडबोले बतवलें, पैनेसिया बायोटेक अमेरिका के नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ हेल्थ (एनआईएच) के मदद से ई टीका बनवले बा। एकर देस में 19 जगहन पs क्लीनिकल परीक्षण जल्द सुरू कइल जाई। भारतीय चिकित्सा अनुसंधान परिषद-नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ ट्रांसलेशनल वायरोलॉजी एंड एड्स रिसर्च, पुणे के निदेशक गोडबोले एह परीक्षण के प्रमुख जांचकर्ता बाड़ें।

अमेरिकी संस्थान के संगे समझौता के माध्यम से पैनेसिया बायोटेक स्वदेसी टीका तइयार कइले बा। खाली निष्क्रिय अवयवन के छोड टीका के वायरस संरचना एनआईएच के टीका के समान बा। प्रारंभिक चरण के अध्ययन में एकर नतीजा आशाजनक रहल बा।

वायरस के चारो स्ट्रेन पs काम करी टीका

भारत में टीका के चरण-1 अध्ययन हो चुकल बा। टीका में सब चार तरे के डेंगू वायरस के संरचना सामिल बा। जेमे वायरल जीन के कुछ हिस्सन के हटा दिहल जाला। टीका खुद डेंगू बुखार के कारण नइखे बन सकत। राष्ट्रीय विषाणु विज्ञान संस्थान आ राष्ट्रीय महामारी विज्ञान संस्थान परीक्षण से जुड़ल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]