[the_ad_group id="30365"]

West Bengal: लोकसभा चुनाव से पहिले विधायक तापस रॉय टीएमसी छोड़लें, कहलें- पार्टी के कार्यप्रणाली से बानी निराश 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव के तइयारियन के बीच पश्चिम बंगाल के सत्ताधारी पार्टी तृणमूल कांग्रेस के एगो बड़ झटका लागल बा। विधायक तापस रॉय पार्टी से इस्तीफा दे देले बाड़ें। इस्तीफा देवे से पहिले ऊ संदेशखाली मुद्दा से निपटे के तरीका पs नाराजगी जतवले रहस। ऊ एही दौरान लोकसभा चुनाव से पहिले पार्टी छोड़े के संकेतो देले रहस।

पार्टी से नाराज रहलें तापस रॉय

विधानसभा में टीएमसी के डिप्टी चीफ ऑफ व्हिप पार्टी के आलोचना कइलें। ऊ बतवलें कि जनवरी में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) जब उनका आवास पs छापेमारी कइलस, तब पार्टी उनका साथे ना रहे। तापस रॉय कहलें, “पार्टी के कार्यप्रणाली से निराश बानी। हम पार्टी आ सरकार के खिलाफ लागल एतना सारा भ्रष्टाचार के आरोपन से तंग आ गइल रहनी। दूसरका बात ई बा कि जवना तरे से संदेशखाली मुद्दा के संभारल गइल, हम ओकर समर्थन नइखी करत।”

टीएमसी के वरिष्ठ नेता कुणाल घोष आ ब्रत्य बसु उनका के मनावे खातिर आज सबेरे उनका आवास पs पहुंचल लो। उनकर उत्तरी कोलकाता के सांसद सुदीप बंदोपाध्याय से विवादो चलत रहे। तापस रॉय कहलें, “हम पिछला 25 बरिसन से पार्टी के एगो ईमानदार नेता रहले, बाकिर हमारा हमार हक कबो ना मिलल।” इस्तीफा के बाद जब उनका से भाजपा में सामिल होखे के लेके सवाल कइल गइल तs ऊ फिलहाल एह पs कवनो तरे के टिप्पणी करे से इनकार कs देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]