[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: जमीन दिखाके कैप्टन से हड़पलें सs 36 लाख रुपिया, पुलिस कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। जीडीए तरफ से मानबेला, फत्तेपुर में अधिग्रहित कइल गइल जमीन के बेच के मर्चेंट नेवी के कैप्टन से 36 लाख रुपिया हड़पे के दुगो आरोपियन के चिलुआताल पुलिस अतवार के गिरफ्तार कs लिहल। फ्राड करे वाला दुनो आरोपी पिता-पुत्र बा लो। कोर्ट में पेश कइला के बाद दुनो के जेल भेज दिहल गइल। राप्तीनगर फेज 1 के आनंद विहार कॉलोनी निवासी अखिलेश सिंह मर्चेंट नेवी में कैप्टन बा।

ऊ मई में चिलुआताल पुलिस के तहरीर देके बतवलें कि फत्तेपुर निवासी शाबान पुत्र असगर अली आ मो. आलमगीर पुत्र शाबान अली मानबेला फत्तेपुर में जीडीए के ओर से अधिग्रहित जमीन के दिखाके बरिस 2019 में कइयन बेर में 36 लाख रुपिया वसूल लेलें सs। पईसा देला के बाद ऊ ड्यूटी चल गइलें।

एक साल बाद जब अइलें तs पता चलल कि पिता पुत्र के दिखावल गइल जमीन के जीडीए के ओर से बरिस 2005 में अधिग्रहण कs लिहल गइल बा। तब ऊ दुनो से अपना रुपिया मंगलें। ऊ टालमटोल करे लागल लो। एह तरे चार साल हो गइल। अब रुपिया मंगला पs दुनो जानमाल के धमकी दे रहल बाड़ें सs।

पुलिस दुनो आरोपियन के खिलाफ धोखाधड़ी, गबन समेत आउर गंभीर धाराओं में केस दर्ज कर उनकी तलाश कर रही थी। रविवार को पुलिस ने दोनों आरोपियों को दबोच लिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]