IPL के लेके भइल बड़ ऐलान, टूर्नामेंट अनिश्चितकाल खातीर स्थगित

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2025

भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव बढ़ रहल बा। अइसना में आईपीएल 2025 के लेके बड़ खबर सामने आइल बा, इंडियन प्रीमियर लीग के 18वां सीजन अनिश्चित काल खातिर टाल दिहल गइल बा। आईपीएल 2025

Share

भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव बढ़ रहल बा। अइसना में आईपीएल 2025 के लेके बड़ खबर सामने आइल बा, इंडियन प्रीमियर लीग के 18वां सीजन अनिश्चित काल खातिर टाल दिहल गइल बा। आईपीएल 2025 22 मार्च से शुरू भइल. 7 मई तक 57 मैच खेलल गईल रहे। पंजाब आ दिल्ली के मैच आठ मई के धर्मशाला में होखे वाला रहे बाकिर बीच बीच में मैच रोक दिहल गइल. एकरा बाद मैच रद्द घोषित कर दिहल गइल. अब आईपीएल स्थगित करे के एलान हो गइल बा. 

बीसीसीआई के एगो अधिकारी पीटीआई से बतवले कि जब देश में युद्ध चलत बा तs क्रिकेट चलत बा तs बढ़िया नइखे लउकत. उs 25 मई के कोलकाता में समापन होखे वाला लीग के स्थगित करे के पुष्टि कईले। उल्लेखनीय बा कि भारत 22 अप्रैल के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के 15 दिन बाद पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला जम्मू कश्मीर के आतंकी शिविरन पs मिसाइल हमला कइलस जवना में 26 लोग के मउत हो गइल.

जम्मू पठानकोट में हवाई हमला के चेतावनी के बाद धर्मशाला में बियफ़ें के पंजाब किंग्स अवुरी दिल्ली कैपिटल्स के बीच होखेवाला मैच के बीच में स्थगित होखला के बाद आईपीएल 2025 पs अनिश्चितता के बादल मच गईल। बियफ़ें के पंजाब के पठानकोट, अमृतसर, जालंधर, होशियारपुर, मोहाली अवुरी केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़ समेत कई जिला में जम्मू में हवाई हमला के चेतावनी अवुरी विस्फोट निहन आवाज़ के खबर के बीच ब्लैकआउट कs दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.