विनेश फोगाट बतवली आपन फैसला: सरकारी नाैकरी, चार करोड़ नगद आ प्लॉट में से एगो अवाॅर्ड चुने के रहे, भेजली चिट्ठी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 10, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क: अंतरराष्ट्रीय पहलवान आ जुलाना के कांग्रेस विधायक विनेश फोगाट हरियाणा सरकार के ऑफर पs आपन मांग के चिट्ठी देले बाड़ी। फोगाट चार करोड़ रुपिया कैश प्राइज आ प्लॉट दुनो के मांग कइले रही।

Share

विनेश फोगाट बतवली आपन फैसला: सरकारी नाैकरी, चार करोड़ नगद आ प्लॉट में से एगो अवाॅर्ड चुने के रहे, भेजली चिट्ठी

स्पोर्ट्स डेस्क: अंतरराष्ट्रीय पहलवान आ जुलाना के कांग्रेस विधायक विनेश फोगाट हरियाणा सरकार के ऑफर पs आपन मांग के चिट्ठी देले बाड़ी। फोगाट चार करोड़ रुपिया कैश प्राइज आ प्लॉट दुनो के मांग कइले रही।

हालांकि, सरकार के तरफ से विनेश फोगाट के सरकारी नौकरी भा हरियाणा शहरी विकास प्राधिकरण में प्लॉट भा सिल्वर मेडल के 4 करोड़ रुपिया कैश प्राइज लेवे खातिर ऑफर कइल गइल बा। अब विनेश फोगाट के चिट्ठी पs अंतिम फैसला सरकार के तरफ से लिहल जाई।

सरकार के पहिले प्रस्ताव के मोताबिक विनेश चार करोड़ रुपिया के नगद पुरस्कार ले सकत बाड़ी। दूसरका विकल्प प्रथम श्रेणी के सरकारी नौकरी आ तीसरा प्रस्ताव एचएसवीपी के प्लॉट आवंटन सामिल बा। अब विनेश के एमे से एगो विकल्प चुनल बा। दरअसल विनेश विधायक बन चुकल बा। अइसन में उनका सामने नगद पुरस्कार आ प्लाट के विकल्प मवजूद बा।

मुख्यमंत्री नायब सिंह सैनी बतवले रहस कि मंत्रिमंडल के बैठक में हरियाणा के बेटी विनेश फोगाट के प्रदेश के खेल नीति के तहत स्पेशल केस मानके उनका के लाभ देवे के उनका के विकल्प लेवे के निर्णय लिहल गइल बा। एकरा पहिले विधानसभा में विनेश फोगाट खुद के हरियाणा सरकार द्वारा कहला के बावजूद सिल्वर मेडल के कैश प्राइज ना मिलला के मुद्दा उठवले रहस।

Read Also: LA Olympics: ओलंपिक में 128 साल बाद क्रिकेट के वापसी; छव टीम लिहें सs हिस्सा, एक स्क्वॉड में रहिहें 15 खिलाड़ी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.