[the_ad_group id="30365"]

UP बोर्ड के क्षेत्रीय कार्यालय भेजलस तीन गो आपत्ति: दुगो स्कूल में केंद्र बनावे आ एगो  सेंटर दूर बनवला खातिर कइलस आपत्ति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में परीक्षा केंद्रन के निर्धारण के लेके UP बोर्ड के क्षेत्रीय कार्यालय कावर से तीन गो आपत्ति DIOS कार्यालय के भेजल गइल बा। जिला कमेटी के प्रस्तावित परीक्षा केंद्रन पs बोर्ड से आपत्ति मांगल गइल रहे। अब कमेटी अपना स्तर से आपत्तियन के निस्तारण के फेर से बोर्ड के भेजी। एकरा बाद केंद्रन के फाइनल सूची पs बोर्ड के मुहर लागी।

बोर्ड DIOS कार्यालय के जवन तीन गो आपत्ति भेजले बा, ओमे दुगो सेंटर आ एगो आपत्ति छात्रन के परीक्षा केंद्र के आवंटन मानक के विपरीत कइल गइला के लेके बा। श्रीराम सूर्य सिंह इंटर कॉलेज अरांव जगदीश आ गुजराती देवी इंटर कालेज मझागांवा, बनकटा गोरखपुर के प्रिंसिपल जहां स्कूल के केंद्र बनवला के लेके आपत्ति बा।

15 से 20 किलोमीटर दूर मिलल सेंटर

ओहिजा श्रीराम सूरत इंटर कॉलेज भैसहा मंदिर के प्रिंसिपल के स्कूल के 176 छात्रन के सेंटर 15 के जगे 20 किलोमीटर दूर आवंटन के लेके आपत्ति बा। DIOS डॉ. अमरकांत सिंह कहलें कि बोर्ड से परीक्षा केंद्र निस्तारण के लेकर तीन गो आपत्ति आइल बा। एकर निस्तारण कs के बोर्ड के रिपोर्ट भेज दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]