[the_ad_group id="30365"]

गुरू पूर्णिमा पs शिष्यन के आसिरबाद दिहें सीएम योगी: गोरखनाथ मंदिर में गुरु पूजा करिहें; ब्रह्मलीन महंतन के खुद लिहें आसिरबाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर समेत देस में 3 जुलाई के गुरु पूर्णिमा के परब श्रद्धा आ भक्ति भाव में हर्ष आ उल्लास के संगे मनावल जाई। एकरा के लेके गोरखनाथ मंदिर में विशेष तइयारी चल रहल बा। गुरु पूजा के परंपरा के निभावे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बतौर गोरक्षपीठाधीश्वर खुद गोरखनाथ मंदिर में मवजूद रहिहें। पहिले ऊ अपना गुरु गोरक्षनाथ सहित अपना सब गुरुअन के विधि-विधान से पूजा अर्चना करिहें, आ फेर बतौर गुरु अपना शिष्यन के आसिरबाद दिहें।

सीएम योगी

ब्रह्मलीन महंतन के पूजा कs के आसिरबाद लिहें सीएम

गुरु पूजा 3 जुलाई के सबेरे 5 बजे से सुरू हो जाई। मुख्यमंत्री पहिले गुरु गोरक्षनाथ के मंदिर में जाके विधि-विधान से उनकर पूजा करिहें आ उनका चरणन में मंदिर के खास प्रसाद रोट अर्पित करिहें। ओकरा बाद बारी-बारी से योगिराज बाबा गंभीरनाथ, ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ, ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ सहित पीठ के सब ब्रह्मलीन महंतन के समाधि स्थल पs जाके ओह लोगन के पूजा करिहें आ आसिरबाद लिहें।

मंदिर में होई सामूहिक आरती

ओहिजा, गुरुपूजा के समापन सबेरे 6.30 बजे होई। एकरा संगही इहां सामूहिक आरती भी होगी। गुरुपूजा के बाद गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ खुद गुरु के भूमिका में होइहें। ऊ देस के अलग-अलग हिस्सन से आइल अपना शिष्यन के आशीर्वाद दिहें।

अपना शिष्यन के आसिरबाद दिहें योगी

आसिरबाद कार्यक्रम मंदिर के दिग्विजयनाथ स्मृति सभागार में सबेर 10.30 बजे से आयोजित होई। एक घंटा के एह कार्यक्रम में गुरु महिमा के भजन गूंजी। भजन गायकन के आमंत्रित कइल गइल बा। एकरा बाद मुख्यमंत्री शिष्यन के आशीर्वचन से अनुग्रहित करिहें। अंत में सहभोज होई। सहभोज में गुरुपूजा के प्रसाद जादे से जादे लोग ग्रहण कs सके एकरा खातिर मंदिर प्रबंधन के ओर से कइयन जगहन पs एकर इंतजाम कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]