स्पेशल डेस्क: प्राइवेट नौकरी करे वाला लोगन खातिर EPF एगो भरोसेमंद योजना हs। एकरा से रिटायरमेंट के बाद बहुते मदद मिलेला। ईपीएफ में जमा पईसा पs टैक्स में छूट आ ब्याजो अच्छा मिलेला। जदि रउओ हाल के दिनन में नौकरी बदलले आ आपन पुरान EPF अकाउंट नया कंपनी में ट्रांसफर नइखी कइनी तs रउआ मन में कइयन गो सवाल होई कि का पुरान EPF अकाउंट पs ब्याज मिली भा ना तs चलीं रउआ के एकरा बारे में विस्तार से बतावत बानी….
अपने आप नया कंपनी में ट्रांसफर ना होला
जब रउआ नौकरी बदलेनी तs राउर ईपीएफ अकाउंट अपने आप नये कंपनी में ट्रांसफर ना होला। एकरा खातिर रउआ ईपीएफओ मेंबर सेवा पोर्ट से ट्रांसफर के प्रक्रिया सुरू करे के होला। जब तक रउआ अइसन ना करेनी तब के राउर पईसा पुरनके ईपीएफ अकाउंट में रहेला। राउर UAN नंबर उहे रहेला, बाकिर अकाउंट ट्रांसफर ना होला। बाकिर कुछ लोगन के मन में इहो सवाल आवेला कि का ईपीएफ अकाउंट के ट्रांसफर ना कइला पs ब्याज मिलता रहेला? चलीं रउआ के एकर जवाब बतावत बानी।
ब्याज मिलल बंद हो जाला
EPFO के नियम के अनुसार जदि राउर EPF अकाउंट निष्क्रिय बा तs ओकरा 36 महीना माने 3 साल तक के ब्याज मिलेला। ई ब्याज आखिरी ईपीएफ योगदान से गिनल जाला। जदि एमे 36 महीना तक कवनो योगदान नइखे कइल जात आ अब कर्मचारी नौकरी नइखे कs रहल भा फेर रिटायर हो गइल बा तs अकाउंट निष्क्रिय हो जाला आ एकरा पs ब्याज मिलल बंद हो जाला।
खाली तीने साल तक ब्याज मिली
जदि रउआ नौकरी बदलला के बाद आपन ईपीएफ अकाउंट ट्रांसफर नइखीं कइले तs राउर पुरान खाता पs खाली तीन साल तक ब्याज मिली। ओकरा बाद से ब्याज मिलल बंद हो जाई। एकरा से राउरे नुकसान होई। काहेकि फाइनेंशियल ईयर 2024-25 खातिर EPFO ब्याज दर 8.25 प्रतिशत मंजूर कs देले बा।