जेपी यूनिवर्सिटी में पहिला बेर होई इंडक्शन प्रोग्राम: सिलेबस, कॉलेज आ विश्विद्यालय के बारे मे दिहल जाई जानकारी 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2024

जेपी यूनिवर्सिटी में छात्रन के नामांकन के प्रति रुचि बढ़ावे आ सत्र के नियमित करे के लेके लगातार कोसिस कइल जा रहल बा। चार साल के ग्रेजुएशन कोर्स खातिर नामांकन के ऑनलाइन प्रक्रिया सुरू बा।

Share

PHD Enterance Exam

जेपी यूनिवर्सिटी में छात्रन के नामांकन के प्रति रुचि बढ़ावे आ सत्र के नियमित करे के लेके लगातार कोसिस कइल जा रहल बा। चार साल के ग्रेजुएशन कोर्स खातिर नामांकन के ऑनलाइन प्रक्रिया सुरू बा। अब विश्वविद्यालय प्रबंधन निर्णय लेले बा कि छात्रन के नया पाठ्यक्रम से अवगत करावे खातिर इंडक्शन प्रोग्राम के आयोजन कइल जाई।

सिलेबस सहित आउर जानकारी दिहल जाई 

एकरा के लेके विश्वविद्यालय प्रबंधन के ओर से सब कॉलेजन के सूचना दे दिहल गइल बा। इंडक्शन प्रोग्राम के तहत छात्रन के सिलेबस सहित संबधित कॉलेज आ विश्वविद्यालय के बारे में जानकारी दिहल जाई। इंडक्शन प्रोग्राम के तहत जेपी यूनिवर्सिटी में लागू कइल गइल चॉइस बेस्ड क्रेडिट सिस्टम (सीबीसीएस) सिलेबस से अवगत करावल जाई।

प्राचार्य आ सब विभागन के शिक्षक रही लो मवजूद

एकरा संगही परीक्षा पैटर्न में भइल बदलाव आ वर्ग संचालन से जुड़ल आउर महत्वपूर्ण जानकारी साझा कइल जाई। इंडक्शन प्रोग्राम के दौरान कॉलेज के प्राचार्य आ सब विभागन के शिक्षक मवजूद रही लो। छात्रन के कॉलेज कैंपस में इस्थित लैब, पुस्तकालय, ई-लाइब्रेरी आ स्मार्ट क्लास से संबंधित जानकारियो दिहल जाई।

परीक्षा देवे खातिर 75 प्रतिशत उपस्थिति अनिवार्य

जन सम्पर्क पदाधिकारी बतवलें कि स्नातक आ पीजी के कक्षा में 75 प्रतिशत उपस्थिति के अनिवार्यता जरूरी बा। जवन छात्र-छात्रा के उपस्थिति 75 फीसदी ना होई। ऊ परीक्षा फॉर्म ना भर सकी लो। इंडक्शन सत्र के दौरान एकर जानकारी दिहल जाई। ऊ बतवलें कि एह समय स्नातक सत्र 2024-28 में नामांकन खातिर ऑनलाइन आवेदन लिहल जा रहल बा।

कला, विज्ञान आ वाणिज्य के तहत विश्वविद्यालय के 32 अंगीभूत आ संबद्ध कॉलेजन में नामांकन खातिर छात्र- छात्रा आवेदन कs रहल बा लो। हालांकि, बीच में दु दिन वेबसाइट में गड़बड़ी के कारण कुछ परेसानी आइल रहे। अब फेर से सब कुछ सामान्य हो गइल बा। जानकारी के अनुसार अब तक करीब तीन हजार आवेदन नामांकन खातिर मिल चुकल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.