[the_ad_group id="30365"]

बिहार में लोकसभा चुनाव से पहिले भइल ट्रांसफर-पोस्टिंग : 153 डीएसपी आ 12 डीटीओ के तबादला, देखीं समूचा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में लोकसभा चुनाव से पहिले बड़ प्रशासनिक फेर बदल भइल बा। बिहार सरकार 153 डीएसपी आ 12 डीटीओ के तबादला आदेस जारी कइले बिया। एह संबंध में गृह विभाग के ओर से अधिसूचना जारी कs दिहल गइल बा।

एनडीए सरकार के वापस अइला के बाद से ई तीसरका बड़ प्रशासनिक स्तर पs ट्रांसफर-पोस्टिंग कइल गइल बा।

पुलिस उपाध्यक्ष निगरानी आन्वेशन ब्यूरो सप्तकाम के पटना सदर सीडीपीओ-2 बनावल गइल बा। एसटीएफ डीएसपी दिनेश कुमार पांडे के पटना लॉ एंड ऑर्डर सीडीपीओ-2 आ श्री प्रकाश के पटना नगर सीडीपीओ-2 बनावल गइल बा। एसटीएफ डीएसपी गौरव कुमार के पटना सिटी एसडीपीओ-2 के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

जमुई हेड क्वार्टर डीएसपी अभिषेक के बाढ़ एसडीपीओ, वेटिंग फॉर पोस्टिंग में पंकज कुमार मिश्रा के दानापुर एसडीपीओ, कैमूर हेडक्वार्टर डीएसपी साकेत कुमार के सचिवालय एसडीपीओ, कन्हैया सिंह के मसौढ़ी एसडीपीओ बनावल गइल बा। मुजफ्फरपुर डीएसपी उमेश्वर चौधरी के पालीगंज भेजल गइल बा।

कमजोर वर्ग के डीएसपी पंकज कुमार के फतुहा भेजल गइल बा। एसटीएफ डीएसपी दीपक कुमार के फुलवारी शरीफ के डीएसपी, निगरानी अन्वेशन ब्यूरो डीएसपी संजय कुमार जायसवाल के बिहार शरीफ एसडीपीओ, निगरानी अन्वेषण ब्यूरो डीएसपी गोपाल कृष्ण के हिलसा, रंजीत कुमार सिंह के आरा सदर के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

शेखपुरा हेडक्वार्टर डीएसपी कुमार वैभव के सासाराम एसडीपीओ बनावल गइल बा। वंदना के डेहरी ऑन सोन भेजल गइल बा। धर्मेंद्र भारती के गया सिटी डीएसपी बनावल गइल बा। संजीत कुमार प्रभात के शेरघाटी एसडीपीओ, मद्य निषेध डीएसपी सुनील कुमार के नवादा सदर एसडीपीओ के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। संजीव कुमार के जहानाबाद एसडीपीओ बनावल गइल बा। समस्तीपुर हेड क्वार्टर डीसीपी अमित कुमार के औरंगाबाद सदर भेजल गइल बा।

12 जिलन में नया डीटीओ

12 जिलन में नया डीटीओ के पोस्टिंग कइल गइल बा। मनोज कुमार के बेगूसराय आ संजय कुमार के अररिया, संजय शरण ओम के पूर्णिया, विवेक चंद्र पटेल के समस्तीपुर, मुकुल पंकज मनी के लखीसराय, रवि रंजन के आरा, राजेश कुमार के गया, आलोक राज के शेखपुरा, नवीन कुमार पांडे के नवादा, निशांत कुमार के दरभंगा, राजीव रंजन सिंह के सारण, मेघा सिंह के सारण आ सिमरन कुमारी के शिवहर के डीटीओ बनावल गइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]