[the_ad_group id="30365"]

इजराइल के प्रधानमंत्री नेतन्याहू अस्पताल में भर्ती: सीना में दर्द के शिकायत, डॉक्टर बोलल लो- अब हालत ठीक बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इजराइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू के सनीचर के सांझ अस्पताल में भर्ती करावल गइल। ‘टाइम्स ऑफ इजराइल’ के रिपोर्ट के मोताबिक, ऊ सीना में दरद के शिकायत कइले रहस।

रिपोर्ट में कहल गइल कि अस्पताल ले जात घरी नेतन्याहू होश में रहस। ऊ चलके अस्पताल के इमरजेंसी रूम पहुंचलें। डॉक्टर लोग बतावल कि फिलहाल उनकर हालत ठीक बा। एकरा पहिले 5 अक्टूबर 2022 के उनकर तबीयत बिगड़ला पs अस्पताल ले जाइल गइल रहे।

प्रधानमंत्री कार्यालय के मोताबिक, नेतन्याहू के तबीयत खराब लागत रहे जवना के बाद तेल हाशोमर के शीबा अस्पताल में उनकर मेडिकल टेस्ट करवावल गइल रहे।

PM मोदी के खास दोस्त हवे नेतन्याहू

नेतन्याहू के भारत से अच्छा रिश्ता रहल बा। 5 साल पहिले नेतन्याहू प्रधानमंत्री रहत भारत आइल रहस। तब PM नरेंद्र मोदी प्रोटोकॉल तुड़के उनका के रिसीव करे एयरपोर्ट गइल रहस। एही साल ऊ इजराइल दौरा पs गइल रहस। मोदी पहिला भारतीय प्रधानमंत्री रहस, जे इजराइल के यात्रा कइले रहस। दुनो एक-दूसरा के दोस्त बता चुकल बा।

भारत 32 साल पहिले इजराइल के एगो अलग देस के तौर पs मान्यता देले रहे। तब भारत के एह डेग से कुछ अरब देस खफो भइल रहलें सs। मोदी के सत्ता में अइला के बाद दुनो देसन के रिश्तन में बहुत मजबूती आइल बा।

7 महीना पहिला छठा बेर PM बनल रहलें नेतन्याहू

73 साल के बेंजामिन नेतन्याहू दिसंबर 2022 में छठा बेर इजराइल के प्रधानमंत्री चुनल गइल रहे। ऊ देस में ‘बीबी’ के नाम से मशहूर बा। ‘टाइम्स ऑफ इजराइल’ के मोताबिक नेतन्याहू के लीडरशिप में छव दलन के ई गठबंधन सरकार देस के इतिहास में अब तक के सबसे कट्टरपंथी सरकार बा।

नेतन्याहू के संसद में बहुमत खोवला के वजह से पिछला साल इस्तीफा देवे के पड़ल रहे। एकरा बाद 1 नवंबर के चुनाव भइल आ नेतन्याहू के लिकुड पार्टी सबसे बड़ पार्टी के तौर पs उभरल। हालांकि ओकरा लगे 61 के जादुई आंकड़ा ना रहे। एहसे उ 6 दलन के समर्थन हासिल कइलस।

लिकुड पार्टी के चीफ नेतन्याहू कुल 15 साल प्रधानमंत्री रह चुकल बा। ई उनकर छठा टर्म हs। इजराइली सियासत में अब तक कवनो नेता एतना लमहर वक्त तक सत्ता के शिखर पs नइखे रह सकल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]