Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SBI, PNB, HDFC आ ICICI बैंक में केतना रखे के होला न्यूनतम बैलेंस, जानीं का बा नियम

सरकारी आ गैर-सरकारी बैंकन के ओर से सेविंग अकाउंट के चालू राखे खातिर न्यूनतम बैलेंस के सीमा निर्धारित कइल गइल बा जवना के बारे में विस्तार से एह रिपोर्ट में रउआ जान सकेनी।

1,738

सेविंग अकाउंट चालू राखे खातिर हर खाताधारक के कम से कम कुछ राशि अपना खाता में राखे के होला, जवना के आमतौर पs एवरेज मंथली बैलेंस (AMB) भा न्यूनतम शेष राशि कहल जाला। एह सीमा से नीचे अकाउंट बैलेंस होखला पs बैंक के ओर से पेनल्टी लगावल जाला। ई हर बैंक आ क्षेत्र के हिसाब से अलग-अलग होला।

आज हमनी के अपना एह रिपोर्ट में देस के चार बड़ बैकन के न्यूनतम शेष राशि के बारे में बतावे जा रहल बानी सs, जवना से एह सीमा के लगे राउर आपका अकाउंट बैलेंस अइला पs रउआ सतर्क हो जाई। आईं जानल जाव।

एचडीएफसी बैंक

निजी क्षेत्र के सबसे बड़े बैंक एचडीएफसी बैंक के शहरी खाता धारकन के अपना सेविंग अकाउंट में न्यूनतम 10,000 रुपिया के औसत बैलेंस राखल जरूरी बा। ओहिजा, अर्ध-शहरी इलाकन आ ग्रामीण इलाकन खातिर न्यूनतम बैलेंस के सीमा 5,000 रुपिया आ 2,500 रुपिया निर्धारित कइल गइल बा।

स्टेट बैंक ऑफ इंडिया

देश के सबसे बड़ सरकारी बैंक स्टेट बैंक ऑफ इंडिया (SBI) आपन न्यूनतम बैलेंस के सीमा के मार्च 2020 में समाप्त कs देले रहे। एकरा पहिले शहरी क्षेत्र के ग्राहकन के 3,000 रुपिया, अर्ध-शहरी क्षेत्र के ग्राहकन के 2,000 रुपिया आ ग्रामीण क्षेत्र के ग्राहकन के 1,000 रुपिया के न्यूनतम बैलेंस रखे के होत रहे।

पंजाब नेशनल बैंक

पंजाब नेशनल बैंक में मेट्रो आ शहरी क्षेत्र के ग्राहकन के औसत न्यूनतम बैलेंस 2,000 रुपिया रखे के होला। ओहिजा, अर्ध-शहरी क्षेत्रन खातिर ई सीमा 1,000 रुपिया आ ग्रामीण इलाकन खातिर 500 रुपिया निर्धारित कइल गइल बा।

आईसीआईसीआई बैंक

आईसीआईसीआई बैंक में मेट्रो आ शहरी क्षेत्र के ग्राहकन के औसत न्यूनतम बैलेंस 10,000 रुपिया, अर्ध-शहरी क्षेत्रन के ग्राहकन के 5,000 रुपिया आ ग्रामीण क्षेत्र के ग्राहकन के 2,000 रुपिया के औसत न्यूनतम बैलेंस रखे के होला।

बैंक काहे राखेली सs न्यूनतम बैलेंस के सीमा

बैंकन के ओर से न्यूनतम बैलेंस राखे के सबसे बड़ कारण बैंकिंग परिचालन में आवे वाला लागत बा। जदि ग्राहक न्यूनतम बैलेंस ना राखी, तs बैंक के एकरा से नुकसान होला।

465850cookie-checkSBI, PNB, HDFC आ ICICI बैंक में केतना रखे के होला न्यूनतम बैलेंस, जानीं का बा नियम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.