GT vs SRH: गुजरात प्लेऑफ खातिर बढ़वलस डेग, तालिका में दूसरका स्थान पs पहुंचल; सनराइजर्स के उम्मीदन के झटका

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क: गुजरात टाइटंस सनराइजर्स हैदराबाद के 38 रन से हरवलस। गुजरात पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में छव विकेट परs 224 रन बनवले रहे, जवाब में सनराइजर्स के टीम 20 ओवर में छव विकेट पs 186 रन बना सकल। हैदराबाद खातिर अभिषेक शर्मा 41 गेना पs चार चौका आ छव छक्कन के मदद से 74 रन बनवलें, बाकिर उनकर पारी टीम के जीत ना दिला सकल।

अंक तालिका के हाल

गुजरात के सनराइजर्स के खिलाफ छव मैचन में ई लगातार पांचवां जीत बा, जवना में तीन अहमदाबाद में मिलल बा। गुजरात एह जीत के संगही प्लेऑफ खातिर डेग बढ़ा लेले बा आ ऊ अंक तालिका में दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बिया। गुजरात के 10 मैचन में सात जीत आ तीन हार के संगे 14 अंक बा। दूसरका ओर, करो भा मरो के मुकाबल में उतरल हैदराबाद के उम्मीदन के झटका लागल बस आ ओकरा खातिर आईपीएल 2025 के सफर लगभग समाप्त हो गइल बा। हैदराबाद के 10 मैचन में तीन जीत आ सात हार के संगे छव अंक बा आ ऊ तालिका में नवा स्थान पs बा।

हेड-अभिषेक दिलवलें सानदार सुरुआत

लक्ष्य के पीछा करत ट्रेविस हेड आ अभिषेक टीम के अच्छा सुरुआत दिलवलें आ दुनो पहिला विकेट खातिर 49 रन जोड़लें। प्रसिद्ध हेड के आउट कs के साझेदारी के तुड़लें जवन 20 रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद ईशान किशन 13 रन बनाके पवेलियन लवटलें। हालांकि, अभिषेक आ क्लासेन अच्छा साझेदारी निभवलें आ अभिषेक अर्धशतक पूरा कइलें, बाकिर ईशांत शर्मा अभिषेक के आउट कs के एह साझेदारी के तुड़ देलें। एकरा बाद क्लासेन 23 रन बनाके पवेलियन लवट गइलें।

सनराइजर्स के पारी लड़खवलें

सिराज फेर अनिकेत वर्मा के तीन रन बनाके आउट कइलें आ अगिला गेना पs कामिंदु मेंडिस के खाता खोलले बिना पवेलियन भेजलें। हालांकि, ऊ हैट्रिक पूरा ना कs सकलें। पैट कमिंस आ नीतीश रेड्डी अंत में आक्रामक रवैया अपनवलें, बाकिर तबले बहुत देर हो चुकल रहे। नीतीश 10 गेना पs एक चौका आ दु छक्का के मदद से नाबाद 21 रन आ कमिंस 10 गेना पs एक चौका आ एक छक्का के सहारे 19 रन बनाले नाबाद लवटलें। गुजरात के ओर से मोहम्मद सिराज आ प्रसिद्ध कृष्णा दु-दु विकेट लेलें, जबकि ईशांत शर्मा आ गेराल्ड कोएट्जे के एक-एक विकेट मिलल।

गिल-बटलर जड़लें अर्धशतक

एकरा पहिले, सनराइजर्स टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के निर्णय लेलें, बाकिर गुजरात टाइटंस के कप्तान शुभमन गिल आ जोस बटलर अर्धशतक जड़लें। गुजरात खातिर गिल सबसे जादे 38 गेना पs 10 चौका आ दु छक्का के मदद से 76 रन बनवलें, जबकि बटलर 37 गेना पs तीन चौका आ चार छक्का के मदद से 64 रन के पारी खेलले।

सुदर्शन पूरा कइलें 2000 टी20 रन

पहिले बल्लेबाजी करत गिल आ सुदर्शन एक बार फे र गुजरात के मजबूत सुरुआत दिलावल लो आ पहिला विकेट खातिर 87 रन जोड़ल लो। गिल आ सुदर्शन के सानदार बल्लेबाजी के मदद से गुजरात पावरप्ले के आपन सर्वोच्च स्कोरो बनवलस। सुदर्शन एकरा संगही टी20 में 2000 रन पूरा कइलें आ ऊ सबसे कम पारियन में अइसन करे वाला भारत के पहिला आ दुनिया के दूसरका बल्लेबाज बन गइलें। सुदर्शन हालांकि, अर्धशतक पूरा ना कs सकलें आ 48 रन बनाके पवेलियन लवट लें। एकरा बाद गिल आ बटलर ने मोर्चा संभारल लो। गिल अर्धशतक पूरा कइलें, बाकिर ऊ वह रन आउट होके पवेलियन लवटलें।

बटलर फेर आक्रमक पारी खेलल जारी रखलें आ 31 गेना पs पचासा पूरा कइलें। बटलरो लमहर शॉट खेले के चक्कर में आउट हो गइलें। बटलर जब आउट भइलें तs गुजरात के स्कोर 200 के पार पहुंच चुकल रहे। पैट कमिंस आखिरी ओवर डाले खातिर उनादकट के भेजलें। ऊ दूसरका गेना पs वॉशिंगटन सुंदर के आउट कइलें जे 16 गेना पs एक छक्का के मदद से 21 रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद पांचवां गेना पs राहुल तेवतिया छव रन बनाके पवेलियन लवटलें आ फेर छठा गेना पs राशिद खान खाता खोलले बिना आउट भइलें। शाहरुख खान दु गेना पs छव रन बनाके नाबाद लवटलें। सनराइजर्स खातिर उनादकट के अलावा कमिंस आ जीशान अंसारी के एक-एक विकेट मिल। ओहिजा, जयदेव उनादकट अंतिम ओवर में तीन विकेट झटकलें।

Read Also: ‘भारतीय टीम के जदि हमार जरुरत बा तs उपलब्‍ध बानी’, 103 टेस्‍ट के अनुभवी खिलाड़ी भरलें हुंकार

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment