[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup 2022: भारत पाकिस्तान के खिलाफ टॉस जीतलस, टॉस जीतके पहिले बॉलिंग करी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Pakistan Asia Cup 2022 Match LIVE: भारत आ पाकिस्तान के बीच एशिया कप के मुकाबला दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में अब से कुछ देर में सुरू होखे वाला बा। एशिया कप के 15वां सीजन के दूसरके मैच बा, बाकिर ई कवनो फाइनल से कम नइखें। स्टेडियम में गोड़ राखे के जगे ना होई, जबकि हर केहू के टीवी सेट्स पs एके मुकाबला चल रहल होई। ओहिजा, हर एक मोबाइल पs रउआ भारत बनाम पाकिस्तान मैच देखे के मिली।

भारत आ पाकिस्तान के बीच मुकाबला साँझ के साढ़े 7 बजे सुरू होई। रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया खेली, जबकि बाबर आजम पाकिस्तान टीम के कप्तान होइहें। एकरा पहिले दुनो टीमन के भिड़ंत एही मैदान पs 24 अक्टूबर के टी20 वर्ल्ड कप 2021 के दौरान भइल रहे। ओह मुकाबला में पाकिस्तान के टीम के जीत मिलल रहे आ ई जीत वर्ल्ड कप (वनडे आ टी20) के इतिहास के पाकिस्तान के पहिला जीत रहे। अइसन में भारत के लगे आपन ओह हार के बदला लेवे के मौका होई आ एह मैच में कांटा के टक्कर होखे वाला बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]