RR vs MI: दूसरका बड़ हार के संगे प्लेऑफ के दौड़ से बाहर राजस्थान, 2012 के बाद मुंबई के जयपुर में पहिला जीत

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क: कर्ण शर्मा आ ट्रेंट बोल्ट के घातक गेंदबाजी के दम पs मुंबई इंडियंस राजस्थान रॉयल्स के 117 रन पs समेट देलस। एही के संगे रियान पराग के टीम प्लेऑफ के दौड़ से बाहर होखे वाली दूसरका टीम बन गइल। ओकरा से पहिले चेन्नई सुपर किंग्स प्लेऑफ के दौड़ से बाहर भइल रहे। बियफे के खेलल गइल मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल मुंबई 20 ओवर में दूर विकेट खोके 217 रन बनवले रहे। जवाब में राजस्थान 16.1 ओवर में 10 विकेट गंवाके मात्र 117 रन बना सकल आ ई मुकाबला 100 रन से हार गइल, जवन ओकर दूसरका सबसे बड़ हार हs। एकरा पहिले आरसीबी 2023 में राजस्थान के 112 रन से हरवले रहे। ओहिजा, मुंबई के कवनो टीम के खिलाफ ई तीसका बड़ जीत हs।

मुंबई के लगातार छठा जीत

लगातार छठा जीत के संगे मुंबई अंक तालिका में शीर्ष स्थान पs पहुंच गइल बिया। 11 में सात मैच जीतके ओकरा खाता में 14 अंक बा आ नेट रन रेट 1.274 हो गइल बा। ओहिजा, राजस्थान छव अंकन के संगे आठवां स्थान पs बनल बिया। ओकर नेट रन रेट -0.780 हो गया। दूसरका स्थान पs आरसीबी बिया, जवन 10 मैचन में सात मुकाबला जीतले बिया आ नेट रन रेट 0.521 बा। ओकरो खाता में 14 अंक बा। पंजाब 13 अंकन के संगे तीसरका आ गुजरात 12 अंकन के संगे चउथा पायदान पs बा। मुंबई के 2012 के बाद जयपुर में राजस्थान के खिलाफ ई पहिला जीत हs।

राजस्थान के पारी

लक्ष्य के पीछा करे उतरल राजस्थान के बल्लेबाज निराशाजनक प्रदर्शन कइल लो। ओकरा खातिर जोफ्रा आर्चर सबसे जादे 30 रन के पारी खेलले। ऊ 27 गेना के सामना कइलें आ दु चौका आ एतनही छक्का लगवलें। मुंबई के खिलाफ यशस्वी जायसवाल 13, नीतीश राणा नव, ध्रुव जुरेल 11, शुभम दुबे 15, महीश तीक्षणा दु, कुमार कार्तिकेय दु और आकाश मधवाल चार* रन बना सकल लो। ओहिजा, वैभव सूर्यवंशी आ शिमरन हेटमायर खाता ना खोल सकल लो। मुंबई के खातिर ट्रेंट बोल्ट आ कर्ण शर्मा ने तीन-तीन विकेट लिहल लो, जबकि जसप्रीत बुमराह के दुगो सफलता मिलल। एकरा अलावे दीपक चाहर आ हार्दिक पांड्या एक-एक विकेट अपना नामे कइल लो।

मुंबई के पारी

रेयान रिकेल्टन आ रोहित शर्मा मुंबई इंडियंस के बढ़िया सुरुआत दिलवले रहे लो। दुनो के बीच 100 से ज्यादा रन के साझेदारी भइल। महीश तीक्षणा रेयान के बोल्ड कइलें। ऊ 38 गेना में 61 रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद रोहित शर्मा 36 गेना में 53 रन बनवलें। दुनो एह सत्र के आपन तीसरका अर्धशतक लगावल लो। एकरा बाद सूर्यकुमार यादव आ हार्दिक पांड्या 48-48 रन के तूफानी पारी खेलके टीम के स्कोर 200 के पार पहुंचावल लो। राजस्थान खातिर महीश तीक्षणा आ रियान पराग एक-एक विकेट हासिल कइल लो।

Read Also: कुलदीप यादव रिंकू सिंह के जड़ दिहले थप्पड़, सभ रह गइले हैरान, देखीं VIDEO

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment