Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

West Bengal: ममता के दावा- केंद्र में भाजपा छव महीना आउर रही, फरवरी-मार्च 2024 में हो जाई लोकसभा चुनाव

जलपाईगुड़ी में जनसभा के संबोधित कइला के बाद बागडोगरा जात घरी ममता बनर्जी के हेलीकॉप्टर के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल। 

1,304

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मंगर के दावा कइली कि केंद्र में भाजपा सरकार खाली छव महीना आउर बिया काहेकि अगिला साल फरवरी मार्च में चुनाव हो जाई। जलपाईगुड़ी में एगो जनसभा के संबोधित करत ममता बनर्जी ई दावा कइली। ममता बनर्जी इहो कहली कि बीएसएफ के निष्पक्षता से काम करे के चाहीं काहेकि भाजपा सायद काल्ह सत्ता में ना रहे।

फरवरी-मार्च में हो सकत बा लोकसभा चुनाव

टीएमसी चीफ कहली कि अगिला लोकसभा चुनाव गिला साल फरवरी मार्च में हो सकता बा। अइसे में भाजपा सरकार के कार्यकाल खाली छव महीना के आउर बा। भाजपा के आपन हार लउक रहल बा आ ऊ अलग-अलग समुदायन के लुभावे के कोसिसो नइखे कर रहल। उल्लेख करे जोग बा कि साल 2019 में लोकसभा चुनाव अप्रिल-मई में भइल रहे। प्रधानमंत्री मोदी अपना दूसरका कार्यकाल के शपथ 30 मई 2019 के लेले रहस।

बीएसएफ पs लगवली आरोप

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री जनसभा के दौरान इहो कहली कि जवन लोग सीमावर्ती इलाकन में बीएसएफ के फायरिंग में मारल गइल बा, ओकरा परिजनन के दु-दु लाख रुपिया के आर्थिक सहायता आ नौकरी दिहल जाई। बनर्जी कहली कि ऊ बीएसएफ के सब जवानन पs आरोप नइखी लगा रहल, ऊ लोग हमनी के सीमा के रक्षा करेला बाकिर बीएसएफ के निष्पक्षता से काम करे के चाहीं। हो सकता ना भाजपा काल्ह सत्ता में ना रहे बाकिर ओह लोगन के आपन नौकरी करे के होई। ममता बनर्जी सीमावर्ती इलाकन में बीएसएफ पs मतदाता लोगन के डरावे के आरोप लगवले रहली।

हालांकि बीएसएफ ममता बनर्जी के आरोपन के पूरा तरे खारिज कs देलें आ कहलस कि उनकर बयान सच से परे बा। बता दीं कि पश्चिम बंगाल में 8 जुलाई के पंचायत चुनाव खातिर मतदान होखे के बा।

ममता बनर्जी के हेलीकॉप्टर के इमरजेंसी लैंडिंग

जलपाईगुड़ी में जनसभा के संबोधित कइला के बाद बागडोगरा जात घरी ममता बनर्जी के हेलीकॉप्टर के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल। दरअसल, खराब मौसम के चलते दृश्यता बहुते कम रहे, अइसन में ममता बनर्जी के हेलीकॉप्टर के सीवोक एयरबेस पs इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल।

579500cookie-checkWest Bengal: ममता के दावा- केंद्र में भाजपा छव महीना आउर रही, फरवरी-मार्च 2024 में हो जाई लोकसभा चुनाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.