[the_ad_group id="30365"]

रेलवे सुरू करी अयोध्या से जनकपुर के टूरिस्ट ट्रेन, मिली बढ़िया खाना.. आ होटल जइसन आराम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ नेपाल के संगे रिस्ता आ मजबूत करे आ दुनो देसन के तीर्थ स्थलन के खास तवज्जो देत भारतीय रेल एगो नया पहल के सुरू करे जा रहल बिया। भारत गौरव पर्यटक ट्रेन के माध्यम से रेलवे अयोध्या से नेपाल के जनकपुर तक के तीर्थ स्थलन के एगो मार्ग में जोड़े के प्रयास कर रहल बिया। जवना के मद्देनजर रेलवे ‘श्री राम-जानकी यात्रा: अयोध्या से जनकपुर’ के सुरुआत 17 फरवरी के दिल्ली से करे वाला बिया।

एह यात्रा के बारे में भारतीय रेलवे कहलस कि ई पहल नेपाल आ भारत के द्विपक्षीय संबंधन के मजबूत करेम आ दुनो देसन के बीच सांस्कृतिक संबंधन के बढ़ावा देम। टूरिस्ट ट्रेन नंदीग्राम, सीतामढ़ी, काशी आ प्रयागराज के कवर करी।

एह सुविधन से लैस होई यात्रा

एह यात्रा में यात्रियन खातिर खास सुविधा मुहैया करावल जाला, जवना के जरिए जनकपुर आ वाराणसी के होटल में यात्री दु रात रुकी लोग। गंतव्य पs दिन के पड़ाव में अयोध्या, सीतामढ़ी आ प्रयागराज के यात्रा के कवर कइल जाई। संगे-संगे अत्याधुनिक डीलक्स एसी टूरिस्ट ट्रेन के विशेषता में दु गो बढ़िया डाइनिंग रेस्तरां, एगो आधुनिक किचन, कोचन में शॉवर क्यूबिकल्स, सेंसर-आधारित वॉशरूम आ फुट मसाजर सामिल बा।

भारतीय रेलवे कहलस, “सात दिन के भारत गौरव पर्यटक ट्रेन यात्रा के पहिला पड़ाव भगवान राम के जन्मभूमि अयोध्या में बा, जहां पर्यटक श्री राम जन्मभूमि मंदिर आ हनुमान मंदिर आ एकरा अलावे नंदीग्राम में भारत मंदिर जाई लोग। अयोध्या के बाद, ट्रेन बिहार के सीतामढ़ी रेलवे स्टेशन जाई आ पर्यटक आगे बसन के माध्यम से नेपाल के जनकपुर जाई लो जवन सीतामढ़ी रेलवे स्टेशन से 70 किमी दूर बा।”

पैकेज के एगो बड़ आबादी खातिर जादे आकर्षक आ किफायती बनावे खातिर, आईआरसीटीसी ईएमआई पेमेंट के सुविधा दे रहल बा। एकरा खातिर पेटीएम आ रेजरपे पेमेंट गेटवे के संगे करार कइले बा। यात्रियन के 3, 6, 9, 12, 18 भा 24 महीना के ईएमआई पेमेंट ऑप्शन के लाभ उठा सकत बा लो। ई ईएमआई भुगतान विकल्प डेबिट/क्रेडिट कार्ड के माध्यम से कइल जा सकत बा।

का बा जरूरी शर्त?

भारतीय रेलवे कहलस कि 18 साल आ ओकरा से बेसी आयु के सब लोगन खातिर कोविड-19 के अंतिम टीकाकरण अनिवार्य बा। भारत गौरव टूरिस्ट ट्रेन लॉन्च घरेलू पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर भारत सरकार के पहल “देखो अपना देश” के अनुरूप बा। प्रति व्यक्ति 39,775 रुपिया के शुल्क में सात दिन के सब टूर पैकेज होई आ कीमत में संबंधित श्रेणी में ट्रेन यात्रा, एसी होटलन में रात के ठहराव, शाकाहारी भोजन, सब ठहराव आ बसन में दर्शनीय स्थल सामिल होई। यात्रा बीमा आ गाइड के सेवा एहमे इंक्लूड कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]