[the_ad_group id="30365"]

बिहार बोर्ड मैट्रिक परीक्षा : बेतिया में एग्जाम देवे जा रहल छात्र के हादसा में मौत, सासाराम-बेगूसराय में 8 घायल ; जूता-मोजा बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार बोर्ड के ओर से लिहल जाये वाला  मैट्रिक परीक्षा के आज पहिला दिन बा। पटना समेत बिहार के सब सेंटर्स पs पहिला पाली के परीक्षा सुरू हो गइल बा। मुजफ्फरपुर में विद्यार्थियन के परीक्षा के दौरान तनाव न हो सके। एकरा खातिर सेंटर पs ओकर फूलन आ चॉकलेट देके स्वागत कइल गइल।

दूसरका आ बेतिया में एग्जाम देवे जा रहल एगो छात्र के सड़क हादसा में मौत हो गइल। सासाराम में बाइक आ बस के टक्कर के बाद तीन छात्र घायल हो गइल। तीनो एग्जाम देवे जात रहे लो। बेगूसराय में सड़क हादसा में लोग घायल हो गइल। सभे के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

इंटर के परीक्षा में विद्यार्थियन के जूते-मोजे पहनके जाये के अनुमति रहे, बाकिर मैट्रिक के परीक्षा में जूता-मौजा पहनके परीक्षा हॉल में जाये के अनुमति ना दिहल गइल रहे।

मैट्रिक परीक्षा खातिर राज्य में 1585 परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा। एह एग्जाम में 16 लाख 94 हजार 781 छात्र-छात्रा सामिल हो रहल बा लो। एमे 8 लाख 22 हजार 587 छात्र आ 8 लाख 72 हजार 194 छात्रा बा लो।

दु पालियन में होई परीक्षा

परीक्षा दु पालियन में आयोजित कइल गइल बा। पहिला पाली सबेरे 9:30 बजे से सुरू होके दुपहरिया 12:15 तक चली। दूसरका पाली दुपहरिया 2:00 बजे से सांझ 5:15 ले होई।

परीक्षार्थियन के एग्जाम सुरू होखे से आधा घंटा पहिले हर हाल में केंद्र पs पहुंचे के बा। एकरा बाद आवे वाला विद्यार्थियन के एंट्री ना दिहल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]