अमृतसर में धमाका करे वाला आरोपी के एनकाउंटर

Minee Upadhyay
अमृतसर में धमाका

पंजाब के अमृतसर में भारी धमाका कs के दहशत पैदा करेवाला आरोपी मुठभेड़ में मर गईल।  पंजाब पुलिस के सूत्र से इs जानकारी सोझा आईल बा।  असल में शनिचर के दिने अमृतसर में एगो बड़हन धमाका भइल.  बाइक पs सवार दु लोग ग्रेनेड से हमला कईले रहले, जवना के सीसीटीवी फुटेज भी सामने आईल रहे।  सीसीटीवी वीडियो में देखल जा सकता कि बाइक पs दु लोग आवेले, ओ लोग के हाथ में झंडा भी बा।  ऊ कुछ सेकेंड रुक जाला आ फेर कुछ फेंकत देखल जाला.  जइसहीं ई लोग ओह जगहा से भागल, एगो बड़हन धमाका हो गइल.

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment