- UP: लखनऊ में BJP विधायक दल के बइठक सुरू। अमित शाह मवजूद। काल्ह शपथ ग्रहण में होई शक्ति प्रदर्शन। सुरेश खन्ना रखले योगी के नाव के प्रस्ताव। योगी के विधायक दल के नेता चुनल गइल।
- योगी आदित्यनाथ के शपथ ग्रहण काल्ह, 11 राज के CM आ 5 गो डिप्टी CM के भेजल गइल बा नेवता।
- मुकेश सहनी के बड़ बयान: हम झुकेम ना, जे विधायक गइल ओह के शुभकामना, बीजेपीओ के बधाई बाकिर, हमार इस्तीफा मांगे के हक बीजेपी के नइखे।
- बीरभूम हिंसा- पीड़ितन से मिलली ममता। घटना के 72 घंटा बाद पहुंचली।
- पाकिस्तान में सियासी घमासान- समे से पहिले चुनाव के घोसना कर सकत बिया सरकार, इमरान के निहोरा, 27 मार्च के लोग हमरा संगे मेगा रैली में आवे।
- रूस-यूक्रेन युद्ध: यूक्रेन रूसी शिप ओर्स्क के तबाह कइलस, रूस के दावा इज्यूम शहर पs हमनी के कब्जा।
- तमिलनाडु में बिहार के डॉक्टर से गैंंगरेप, पाँच लो के पुलिस कइलस गिरफ्तार।
- फूटबाल- भारत बेलारूस मैच काल्ह। भारत के कोसिस जीते के रही। बहरीन से 2-1 से मिलल बा एकरा पहिले हार।
- आईपीएल सुरू होखे से पहिले धोनी के कप्तानी से इस्तीफा, रवीन्द्र जडेजा होखिहे CSK के अगिला कप्तान, आईपीएल इतिहास में पहिला बेर बदलल चेन्नई के फुल टाइम कप्तान।
- मुंबई में आईपीएल से पहिले अलर्ट, स्टेडियम आ खिलड़ियन के ठ्हरे आला होटलन के सुरक्षा बढ़ावल गइल।
साँझ के 10 गो बड़ खबर
Published on: Mar 24, 2022
UP: लखनऊ में BJP विधायक दल के बइठक सुरू। अमित शाह मवजूद। काल्ह शपथ ग्रहण में होई शक्ति प्रदर्शन। सुरेश खन्ना रखले योगी के नाव के प्रस्ताव। योगी के विधायक दल के नेता चुनल गइल।
Share
Tags:
Share this article






