Delhi Earthquake: भूकंप के दौरान जमीन में सुनाई दिहल तेज गड़गड़ाहट के आवाज, विशेषज्ञ  बतवले एकर वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2025

सोमार के सबेरे राजधानी दिल्ली में आइल भूकंप के चलते दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत के बहुते इलाका काँप गइल. अबे ले एs भूकंप में कवनो नुकसान के खबर नईखे, बाकिर बहुत लोग के कहनाम बा

Share

Delhi Earthquake: भूकंप

सोमार के सबेरे राजधानी दिल्ली में आइल भूकंप के चलते दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत के बहुते इलाका काँप गइल. अबे ले एs भूकंप में कवनो नुकसान के खबर नईखे, बाकिर बहुत लोग के कहनाम बा कि इs भूकंप एतना तेज रहे कि इs उनुका जीवन के सबसे भयावह अनुभव में से एगो बन गईल। भूकंप के दौरान जमीन के नीचे भी जोरदार गड़गड़ाहट के आवाज सुनाई देलस, जवना से लोग में दहशत फैल गईल। हालांकि अब विशेषज्ञ बता देले बाड़े कि इs आवाज़ काहें सुनाई देलस।  

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

तेज गड़गड़ाहट आवाज के कारण


अमेरिकी भूबिज्ञान सर्वेक्षण (USGS) के अनुसार, भूकंप के दौरान जमीन कंपन करे ले जवना से छोट समय के भूकंपीय तरंग गति पैदा हो जाले जे हवा के बीच से गुजरे ले आ ध्वनि तरंग बन जाले। ई ध्वनि तरंग सभ वायुमंडल में कंपन पैदा कs सकेलीं। अमेरिकी भूबिज्ञान सर्वेक्षण के मोताबिक भूकंप के केन्द्र जेतना उथला भा कम गहराई होखी ओतने ऊर्जा सतह पs पहुँच सकेला। उच्च आवृत्ति के भूकंपीय तरंग जमीन से गुजरे लीं, जेकरा चलते भूकंप के दौरान गड़गड़ाहट के आवाज सुनाई देवेला। दिल्ली में आइल भूकंप के केन्द्र महज पांच किलोमीटर जमीन के नीचे रहे, जवना के चलते लोग के जोरदार गड़गड़ाहट आवाज सुनाई देलस। 

इहो पढ़ीं: http://दिल्ली-एनसीआर के बाद बिहार में भी भूकंप से डोलल धरती, जानीं केतना रहल तीव्रता

धौलाकुआं दिल्ली में भूकंप के केन्द्र रहे 

दिल्ली में रिक्टर स्केल पs 4 तीव्रता के एह भूकंप के केन्द्र धौलाकुआं के लगे दुर्गाबाई देशमुख कॉलेज रहे। भूकंप के केन्द्र जमीन से पांच किलोमीटर नीचे रहे। भूकंप के अतना तेज रहे कि दिल्ली-एनसीआर के पूरा धरती काँपे लागल। गहिरा नींद में सुतल लोग झटका से डेरा के जाग गइल लोग.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी एs घटना पs ट्वीट कईले। उs लिखले कि, ‘दिल्ली अवुरी आसपास के इलाका में भूकंप महसूस भईल। सभे से निहोरा कईल जाता कि शांत रहे अवुरी सुरक्षा के सावधानी के पालन कईल जाए। एकरा संगे संभावित झटका के बारे में सतर्क रहे के जरूरत बा। अधिकारी एह स्थिति पs पूरा नजर रखले बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.