[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में ब्लास्ट के तैयारी करत रहे ISIS आतंकी रिजवान, पूछताछ में भइल कईगो चौंकाए वाला खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली से गिरफ्तार आईएसआईएस के आतंकी रिजवान अली से पूछताछ के दौरान बहुत चौंकावे वाला खुलासा सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक रिजवान दिल्ली में धमाका के तैयारी करत रहले। उs दिल्ली के जामिया अवुरी ओखला में यमुना के किनारे नियंत्रित विस्फोट कईले। एतने ना, आईएसआईएस के पुणे मॉड्यूल पs कब्जा भइला के बाद ऊ दिल्ली में नया मॉड्यूल तइयार करे में व्यस्त रहले.

जानकारी के मुताबिक पूछताछ के दौरान पता चलल बा कि आतंकी रिजवान आतंकी कमांडर फरतुल्लाह गोरी के सीधा संपर्क में रहले। रिजवान पुणे में आईईडी विस्फोट के नियंत्रित करे के प्रशिक्षण लेले रहले। पुणे पुलिस के चंगुल से भागला के बाद रिजवान महाराष्ट्र अवुरी गुजरात के अलग-अलग शहर में लुकाईल रहले। फरार के दौरान भी उs फरतुल्लाह गोरी के संपर्क में रहले।

रिजवान के भी 2018 में गिरफ्तार कईल गईल रहे

बता दीं कि सुरक्षा बल बहुत दिन से फरार आतंकी रिजवान के पकड़े खातिर लगातार आपन नेटवर्क सक्रिय करत रहे। कहल जा रहल बा कि उs अपना कुछ सहयोगी लोग के संगे दिल्ली अवुरी मुंबई के वीवीआईपी इलाका के रेकी कईले रहले। एकरा से पहिले साल 2018 में दिल्ली पुलिस गिरफ्तार कs लेले रहे, बाकिर लंबा पूछताछ के बाद उनुका के छोड़ दिहल गईल। आतंकी रिजवान के गिरफ्तारी के बाद दिल्ली पुलिस अवुरी बाकी जांच एजेंसी अलर्ट मोड पs बिया। सरोजिनी नगर मार्केट, लाजपत नगर मार्केट, खान मार्केट वगैरह बाजारन में मोस्ट वांटेड आतंकियन के पोस्टर चिपका दिहल गइल बा.

आतंकी पs तीन लाख रुपिया के इनाम के घोषणा भईल

एकरा से पहिले अधिकारी बतवले कि दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल के टीम गुप्त जानकारी के आधार पs दिल्ली-फरीदाबाद सीमा पs उनुका के गिरफ्तार कs लेले बिया। ओकरा लगे से एगो अवैध बंदूक बरामद भईल बा। एनआईए आईएसआईएस के आतंकी रिजवान अब्दुल हाजी अली के तीन लाख रुपिया के इनाम देबे के एलान कइले रहुवे.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]