[the_ad_group id="30365"]

पंजाब: अमृतसर के एगो मंदिर में धमाका, बाइक सवार 2 युवक  ग्रेनेड से कइले हमला

पंजाब
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के अमृतसर के एगो मंदिर में बड़हन धमाका हो गइल बा.  मोटरसाइकिल से आईल दु युवक ग्रेनेड से मंदिर पs हमला कs देले।  एकर सीसीटीवी वीडियो भी सामने आइल बा।  सीसीटीवी वीडियो में साफ लउकत बा कि दू गो नवही मोटरसाइकिल से आवत बाड़े, ओह लोग के हाथ में झंडा भी बा.  मंदिर के बहरी कुछ सेकेंड खातिर खड़ा होके मंदिर के ओर कुछ फेंक देला।  एकरा बाद जइसहीं ई नवही लोग मौका से भागत बा, मंदिर में बड़हन धमाका हो जाला. 

बात कहाँ  के हs?

इs मामला अमृतसर के खंडवाला इलाका के ठाकुरद्वारा मंदिर से जुड़ल बा।  एह मंदिर पs ग्रेनेड से हमला भइल बा.  जानकारी के मुताबिक इs हमला रात के करीब 12:35 बजे भईल।  हमला के तुरंत बाद पूरा इलाका में दहशत के माहौल पैदा हो गईल बा। मंदिर पs जब इs हमला भईल तs मंदिर के पंडित भी भीतर सुतल रहले।  हालांकि सौभाग्य के बात ई बा कि मंदिर के पुजारी के कवनो नुकसान ना भइल.

पुलिस सीसीटीवी के आधार पs मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।  एह बात के पता लगावल जा रहल बा कि हमलावर के रहले आ कवना तरह के हमला भइल.

इहो पढ़ी:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]