एकनाथ शिंदे के मिलल जान से मारे के धमकी, मचल हड़कंप

Minee Upadhyay
एकनाथ शिंदे

महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के जान से मारे के धमकी देवे के मामला सोझा आईल बा। गोरेगांव पुलिस के एगो अनजान आदमी के ईमेल मिलल बा. एहमें एकनाथ शिंदे के गाड़ी के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा.  एही तरह के धमकी वाला मेल मंत्रालय में भी आइल बा आ जे जे मार्ग थाना पुलिस धमकी वाला ईमेल भेजे वाला के खोजत बिया.

बता दीं कि फिलहाल एकनाथ शिंदे दिल्ली के दौरा पs बाड़े। रामलीला मैदान में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में शामिल भईला के बाद उs एनडीए के नेता के संगे मुलाकात खातीर निकल गईले। रेखा गुप्ता आजु दिल्ली में नयका मुख्यमंत्री के शपथ लिहली.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं भगवान शिव के त्रिशूल के ऊपर स्थित ‘काशी विश्वनाथ मंदिर’

बता दीं कि कुछ दिन पहिले मुंबई में एगो आदमी पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कs के दावा कईले रहे कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के विदेश यात्रा के दौरान उनुका विमान पs आतंकी हमला कs सकतारे। पुलिस दोसरा एजेंसियन के जानकारी देके जांच शुरू कs देलस। जब इs फोन आईल तs प्रधानमंत्री मोदी फ्रांस के यात्रा पूरा कs के अमेरिका जाए वाला रहले।

फोन करेवाला दावा कईले कि प्रधानमंत्री मोदी के विदेश यात्रा के दौरान उनुका विमान पs आतंकी हमला कs सकतारे। नियंत्रण कक्ष में धमकी के लेके एकही नंबर से कई गो अलग-अलग फोन आईल। जांच में पता चलल कि फोन करेवाला आदमी मानसिक रूप से अस्थिर रहे।

इहो पढ़ीं; शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।