सीवान के दाहा नदी में तैरत मिलल युवक के शव, शिनाख्त में जुटल लोग, जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2022

सीवान। भाईदूज के सबेरे जिला के चैनपुर ओपी थाना क्षेत्र के नवादा पेट्रोल पंप के लगे दाहा नदी में तैरत एगो युवक के शव बरामद भइल। युवक के उमिर करीब 28 से 30 साल बतावल

Share

सीवान। भाईदूज के सबेरे जिला के चैनपुर ओपी थाना क्षेत्र के नवादा पेट्रोल पंप के लगे दाहा नदी में तैरत एगो युवक के शव बरामद भइल। युवक के उमिर करीब 28 से 30 साल बतावल जा रहल बा। अब तक युवक के पहचान नइखे हो सकल। शव मिलला के सूचना पाके मौका प पहुंचल पुलिस जांच में जुट गइल बिया। शव के देखला से पता चलत बा कि हत्या क के शव के नदी में फेंकल गइल बा। युवक के पीठ प गहिराह जख्म के निशान बा।

दाहा नदी में तैरत मिलल शव

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि बियफे के खूब सबेरे लोग दाहा नदी में एगो शव के तैरत पावल। नदी में शव तैरला के खबर आग के तरह फइलल आ देखते देखत उहां भीड़ जमा हो गइल। स्थानीय लोग एकर जानकारी चैनपुर थाना के दिहल। जानकारी मिलतही मौका प पहुंचल चैनपुर ओपी पुलिस शव के पानी से बाहर निकालल। शव एगो युवक के ह आ ओकरा पीठ प गहिराह घाव लउकत बा। पहिला नजर में ई हत्या के ममिला नजर आवत बा। पुलिस बरामद शव के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस. युवक करिया रंग के हाफ पैंट पहिनले बा, जबकि आधा देह नग्न अवस्था में बा।

शव के शिनाख्त में जुटल लोग

स्थानीय लोगन के दावा बा कि अपराधियन द्वारा युवक के हत्या क के नदी में फेंक दिहल गइल बा। मृतक के पीठ प गहिराह जख्म के निशान हत्या के गवाही दे रहल बा। युवक के एगो गोड़ में चप्पल बा, जबकि दूसरका गोड़ में चप्पल नइखें। युवक के हत्या क के इहां फेंकल गइल बा। घटना के संबंध में चैनपुर ओपी थानाध्यक्ष अभिनंदन यादव के कहनाम बा कि युवक के शव के लेके पंचनामा तइयार कइल जा रहल बा। ओकरा के सदर अस्पताल भेजल गइल बा। पुलिस शव के शिनाख्त में जुटल बिया। मामला संदिग्ध बा। जांच चल रहल बा। हत्या करीब दु तीन दिन पहिले भइल होई। युवक के शव से गंध आवे लागल बा। पोस्टमार्टम के बादे कुछ कहल जा सकत बा।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.