[the_ad_group id="30365"]

आंख में मर्चा के पाउडर डाल के व्यापारी से 1.74 लाख के लूट, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में एक हैरान करे वाला मामला सोझे आइल बा। इहां चौरीचौरा के सरदारनगर फुटहवा इनार मार्ग पर बाइक सवार बदमाश लोग आंख में मर्चा के पाउडर डाल के व्यापारी से 1.74 लाख रुपया लूट लिहलें। वारदात के बाद बदमाश फरार हो गइलें। सूचना पर तत्काल एसपी नॉर्थ मनोज अवस्थी, सीओ चौरीचौरा अउर स्थानीय चौरीचौरा पुलिस मौका पs पहुंच गइल। पुलिस मुकदमा दर्ज कs के बदमाशन के तलाश में जुटल बिया।
बतावल जा रहल बा कि व्यापारी बलराम जायसवाल के मुंडेरा बाजार में विनीत ट्रेडर्स नाम से एजेंसी बा। उनके लग्गे कई बिस्कुट समेत अन्य सामान के एजेंसी बा। बियफ़े के साँझ करीब एक बजे ऊ दुकान बंद कs के सोनबरसा बाजार वसूली करे गइल रहनें। उहां से ऊ बाइक से घरे जात रहनें।
सरदारनगर के सरैया के लग्गे बाइसी पुलिया पs व्यापारी अउरी इनके बाइक चालक के डंडा मार के चार बदमाश उनके रोक लिहलें। बाइक रुकतही बदमाश सब व्यापारी के आंख में मर्चा के पाउडर झोंक देहलें सब। जेकरे बाद बदमाश बैग अउरी जेब मे रखल नकदी अउरी मोबाइल लूट के फरार हो गइलें।

घटना के बाद शुक्रवार सुबह एसएसपी गौरव ग्रोवर भी मौका पर पहुंचलें अउरी जानकारी लिहलें। एसएसपी जल्द से जल्द बदमाशन के पकड़ के घटना के खुलासा कइले के निर्देश दिहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]