बलिया: सात साल के बच्ची संगे दुष्कर्म, हालत गंभीर होखला पऽ BHU रेफर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

बलिया जिला के सदर कोतवाली के एगो मोहल्ला में सात साल के नाबालिग के संगे दु हो किशोर द्वारा दुष्कर्म करे के मामला सोझा आइल बा। लइकी के हालत बिगड़ला पs परिवार ओकरा के इलाज

Share

बलिया जिला के सदर कोतवाली के एगो मोहल्ला में सात साल के नाबालिग के संगे दु हो किशोर द्वारा दुष्कर्म करे के मामला सोझा आइल बा। लइकी के हालत बिगड़ला पs परिवार ओकरा के इलाज खातिर जिला महिला अस्पताल ले गइल, जहां ओकर गंभीर हालत देख के डॉक्टर ओकरा के वाराणसी रेफर कऽ देले। इ जानकारी मिलते पुलिस प्रशासन में दहशत मच गइल। जानकारी पs एएसपी विक्रांतवीर, सीओ सीटी गौरव कुमार अउरी कोतवाल योगेंद्र बहादुर सिंह अस्पताल पहुंच के परिवार के लोग से बात कऽ के पीड़िता के हालत के बारे में जनले। परिवार के लोग के शिकायत पs सात आ आठ साल के दु आरोपी किशोर के पकड़ के पूछताछ कइल जाता।

इ बा मामला

 मनियार थाना के एगो गांव के निवासी किशोर अपना परिवार के संगे सदर कोतवाली के एगो मोहल्ला में रहेली। आरोप बा कि मोहल्ला के दु किशोर उनका के बहला फुसला के ले गइले आ दुष्कर्म कइले। हालात बिगड़ला पs माई उनका के लेके हल्दी थाना में अपना बहिन के घरे ले गइली। एकरा बाद जब हालत गंभीर हो गइल तऽ परिवार इलाज खातिर सीएचसी पहुंचल, जहां से डॉक्टर ओ लोग के जिला महिला अस्पताल रेफर कऽ देले।

प्राथमिक चिकित्सा के बाद जब हालत गंभीर हो गइल तऽ महिला डॉक्टर उनका के बीएचयू रेफर कऽ देली। इ जानकारी कोतवाली पुलिस के दिहल गइल। डीआईजी के क्राइम मीटिंग से बाहर निकलल एसपी विक्रांत वीर समेत पुलिस टीम अस्पताल पहुंच के लइकी के हालत के बारे में पूछताछ कइलस। परिवार के लोग से बात कइला के बाद बेहतर इलाज आ आरोपी के जल्दी गिरफ्तारी के भरोसा दिअवले। एसपी बतवले कि परिवार के लोग के शिकायत पs दुनो बाल छेड़खानी करेवाला के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा।  लइकी के बेहतर इलाज खाती बीएचयू भेज दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.