[the_ad_group id="30365"]

बिहार में अपराधी आ पुलिस टीम में मुठभेड़, ताबड़तोड़ गोलियन से गूंजल पटना…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना में पुलिस आ अपराधी के बीच मुठभेड़ के खबर बा। एह घटना के सूचना पटना से सटल बिहटा थाना क्षेत्र के बिंदौर इलाका से हो रहल बा। जहां अपराधी के गिरफ्तारी खातिर गुप्त जानकारी के आधार पs पुलिस पहुंचल रहे। एही बीच अपराधी पुलिस टीम पs गोली चलावे लगले।

जवाब में पुलिस के ओर से गोली चलावल गइल। एह मुठभेड़ के पुष्टि करत पटना पश्चिम के एसपी शरथ आरएस बतवले कि 30 सितंबर के देर रात घटना के अंजाम देवे खातिर अपराधी के जुटान के गुप्त जानकारी मिलल। बिहटा थाना क्षेत्र के बिन्दौर इलाका से मिलल पुलिस टीम घटना स्थल के घेराबंदी कऽ के अपराधी के पकड़े के कोशिश कइलस, जवना के दौरान अपराधी पुलिस पs गोली चला देले।

पुलिस के दावा, घटना में शामिल अपराधी के पहचान हो गइल बा

एकरा जवाब में पुलिसो गोली चलवस, हालांकि ए गोलीबारी में कवनो जान के नुकसान ना भइल। अन्हार के फायदा उठावत अपराधी घटनास्थल से भागे में कामयाब हो गइले। पुलिस मौका से अपराधी के छोड़ल 3 बाइक, 1 गो देसी पिस्तौल, 1 देसी राइफल अउरी 15 जिंदा कारतूस बरामद कइले बिया। पटना पुलिस के दावा बा कि एह घटना में शामिल अपराधी के पहचान हो चुकल बा आ पुलिस जल्दिए अपराधी के गिरफ्तार ककऽ ली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]