Maharashtra: महायुति सरकार के शपथ ग्रहण समारोह पांच दिसंबर के, पीएम नरेंद्र मोदी होइहें सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 30, 2024

एक सप्ताह के लमहर इंतजार के बाद महाराष्ट्र में महायुति सरकार के शपथ ग्रहण समारोह के तारीख के एलान हो गइल। महाराष्ट्र भाजपा अध्यक्ष चंद्रशेखर बावनकुले एक्स पs पोस्ट में लिखलें कि महायुति सरकार के

Share

जीत के साइन देख़ावत महायुति के नेता - फोटो : ANI

एक सप्ताह के लमहर इंतजार के बाद महाराष्ट्र में महायुति सरकार के शपथ ग्रहण समारोह के तारीख के एलान हो गइल। महाराष्ट्र भाजपा अध्यक्ष चंद्रशेखर बावनकुले एक्स पs पोस्ट में लिखलें कि महायुति सरकार के शपथ ग्रहण समारोह पांच दिसंबर के सांझ पांच बजे आजाद मैदान मुंबई में होई। एमे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सामिल होइहें। हालांकि, अभी महायुति मुख्यमंत्री के नाम के घोषणा नइखे कइलें।

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव के नतीजा अइले एक हफ्ता हो चुकल बा, बाकिर सरकार गठन के लेके कवायद नइखे भइल बा। पिछलका दिनन दिल्ली में अमित शाह महायुति नेता लोगन के संगे बैठक कइले रहस। एकरा बाद महाराष्ट्र में महायुति के नेता लोगन के बैठक होखे के रहे, बाकिर ऊ टल गइल। ओने, विपक्ष लगातार नया सरकार के गठन के लेके सवाल उठावत रहे। एकरा के लेके भाजपा प्रदेश अध्यक्ष शपथ ग्रहण समारोह के तारीख के एलान कs देलें।

कइसन रहे चुनाव के नतीजा

महाराष्ट्र में हाले में भइल विधानसभा चुनाव में मुख्य मुकाबला महायुति आ महा विकास अघाड़ी गठबंधनन के बीच रहे। जेमे महायुति बाजी मारत 288 विधानसभा सीटन में से 230 सीट पs जीत हासिल कइलस। ओहिजा एकरा उलट महा विकास अघाड़ी 288 सीटन में से मात्र 46 सीट जीत सकल। महाराष्ट्र में महायुति के ऐतिहासिक जीत के बाद सरकार बनावे के कवायद तेज हो गइल।

इहो पढ़ीं: Bihar: नशा में ड्यूटी करे के आरोप में गेटमैन गिरफ्तार, 20 मिनट तक रुकल रहल ट्रेन, अब पुलिस पs केस करी रेलवे

नतीजन के अगिलही दिन माने 24 नवंबर के एनसीपी के विधायक दल के बैठक भइल जेमे अजित पवार के नेता चुनल गइल। पार्टी के नेता छगन भुजबल अजित पवार के मुख्यमंत्री बनावे के मांग कइलें। ओहिजा, शिवसेना विधायक एकनाथ शिंदे के आपन नेता चुनल लो। ओने 26 नवंबर के महाराष्ट्र विधानसभा के कार्यकाल खतम होखे के रहे लिहाजा एही दिन राज्य के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे अपना पद से इस्तीफा दे देलें। एकरा संगही शिवसेना प्रमुख कार्यवाहक मुख्यमंत्री के भूमिका में आ गइलें ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.