14 फरवरी 2025 के राशिफल

Anurag Ranjan
राशिफल

दिनांक- 14/02/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि-  द्वितीया

रात के 09 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सुक।

 पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

 रात के 11 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद  उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

सबेरे के 07 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

 तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक-15/02/2025

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

रात के 11 बजके 52 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 01 बजके 39 मिनट ले।

सुकर्मा जोग

सबेरे के 07 बजके 32 मिनट ले।

वणिज करण।

 

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल रही। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में आस के मोताबिक सफलता मिली। उच्च अधिकारी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

चल भा अचल संपत्ति के खातिर करजा लेवे के प्रयास सफल हो सकत बा। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में तनाव मिली। वाणी पs संयम रखीं। आंख भा पेट में समस्या के संभावना बा। जीवनसाथी के सहजोग रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

सूर्य के परिवर्तन आर्थिक रूप से प्रगति दी। सामाजिक काम आगा बढ़ी। रचना के कोसिस सार्थक रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। विरोधी परास्त होई लो। संतान के कारण चिंतित रहेम। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। भौतिक दिशा मे चल रहल प्रयास सार्थक होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

चल भा अचल संपत्ति के ममिलन में सफलता मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। रचना के कोसिस सफल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

निजी सुख में बढ़न्ती होई। बेवसायिक प्रयास सार्थक होई। रचना के काम आगा बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भाई-बहिन के सहजोग मिली। शासन सत्ता के सहजोग मिली। बेवसायिक ममिलन में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। रिश्तन में मजबूती आई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भौतिक सुख में बढ़न्ती होई। भाई-बहिन के सहजोग मिली। बेवसायिक प्रयास फलीभूत होई। रचना के काम आगा बढ़ी।

Read Also: Health News: खाना में कम सोडियम वाला नमक करीं इस्तेमाल, WHO के गाइडलाइन आइल सामने

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।