Health News: खाना में कम सोडियम वाला नमक करीं इस्तेमाल, WHO के गाइडलाइन आइल सामने

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2025

Health News: विश्व स्वास्थ्य संगठन लोगन के सेहत के ध्यान में रखत नमक के सेवन के लेके नया गाइडलाइन जारी कइले बा। एमे कहल गइल बा कि रोज खाना में कम सोडियम वाला नमक के

Share

रोज खाना में कम सोडियम वाला नमक के इस्तेमाल कइल सेहत खातिर फायदेमंद हो सकत बा।

Health News: विश्व स्वास्थ्य संगठन लोगन के सेहत के ध्यान में रखत नमक के सेवन के लेके नया गाइडलाइन जारी कइले बा। एमे कहल गइल बा कि रोज खाना में कम सोडियम वाला नमक के इस्तेमाल कइल सेहत खातिर फायदेमंद हो सकत बा। WHO बतवलस कि जादे सोडियम के सेवन हाई ब्लड प्रेशर, हृदय रोग आ स्ट्रोक जइसन बेमारियन के खतरा बढ़ा सकत बा।

सोडियम के जादे मात्रा से बढ़ेला स्वास्थ्य जोखिम

WHO के रिपोर्ट के अनुसार, दुनियाभर में जादेतर लोग जरूरत से जादे नमक के सेवन कs रहल बा। आमतौर पs नमक में सोडियम के मात्रा जादे होला, जवन देह में पानी के बना के रखेला आ ब्लड प्रेशर बढ़ावेला। एकरा से दिल आ किडनी पs दबाव बढ़ जाला। WHO सुझाव देले बा कि वयस्कन के हरदिन 5 ग्राम से जादे नमक के सेवन ना करे के चाहीं।

सोडियम वाला नमक के फायदा

WHO के गाइडलाइन के मोताबिक, कम सोडियम वाला नमक में पोटैशियम के मात्रा जादे होला, जवन देह खातिर फायदेमंद बा। ई ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे आ हृदय के स्वस्थ रखे में मदद करेला। पोटैशियम युक्त नमक, खास कs के हाई ब्लड प्रेशर आ हृदय रोगियन खातिर जादे फायदेमंद हो सकत बा।

का करीं आ का ना करीं

  • कम सोडियम वाला नमक चुनीं: बाजार में कइयन गो ब्रांड्स के लो-सोडियम सॉल्ट उपलब्ध बा, जवना के इस्तेमाल कइल जा सकत बा।
  • प्रोसेस्ड फूड से बचीं: पैकेज्ड आ प्रोसेस्ड फूड में हाई-सोडियम कंटेंट होला, जवना से बचे के चाहीं।
  • ताजा फलन आ सब्जियन के सेवन बढ़ाईं: ई देह में पोटैशियम के मात्रा बना के रखेला, जवन सोडियम के दुष्प्रभावन के कम करेला।
  • नमक के सीमित उपयोग करीं: खाना में कम मात्रा में नमक डालीं आ स्वाद खातिर आउर हर्ब्स आ मसालन के इस्तेमाल करीं।

Read Also: Lifestyle: जाड़ा में काहें बढ़ जाला डायबिटीज के खतरा, हाई होखे लागेला ब्लड शुगर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.