[the_ad_group id="30365"]

मॉर्निंग वॉक पs निकलल ITI संचालक के मर्डर : छपरा में घर के लगे अपराधी मरलें सs गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में मॉर्निंग वॉक पs निकलल जुवक के अपराधी गोली मारके हत्या कs देलस। वारदात भगवान बाजार थाना से मात्र 100 मीटर के दूरी पs भइल बा। हत्या के बाद थाना रोड पs अफरा-तफरी के माहौल हो गइल।

जानकारी के मोताबिक जुवक सबेरे-सबेरे टहल कs के अपना घरे लवटत रहलें, घर से तनिका दूर पीछे से आइल अपराधी गोली मार देले सs।

घटना के बाद स्थानीय लोग इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs देलस। मृतक के पहचान भगवान बाजार थाना क्षेत्र के थाना रोड लल्लू मोड़ निवासी ओमप्रकाश श्रीवास्तव उमिर 33 साल पिता बृज किशोर श्रीवास्तव के रूप में कइल गइल बा। ऊ आईटीआई के संचालक रहस।

घर के लगही मार दिहल गइल गोली-भाई

ओहिजा, मृतक के भाई बतवलस कि ओमप्रकाश रोज के तरे सबेरे में मॉर्निंग वॉक खातिर घर से निकलल रहे। एह बीच घर के सामने अपराधी गोली मार देले सs। केहू कह रहल बा कि अपराधी पैदल भगले सs तs केहू कुछ बोल रहल बा। परिजन लोग पुलिस पs लापरवाही के आरोप लगावत कहलें कि घटना थाना से खाली 100 मीटर के दूरी पs भइल बा। एकरा बादो पुलिस के पहुंचे में 45 मिनट के समय लाग गइल। मृतक के दुगो छोटे-छोटे लईका बा। ऊ गणपति आईटीआई नामक संस्था के संचालन करत रहस।

सीसीटीवी खंगाल रहल बिया पुलिस

ओहिजा, भगवान बाजार थानाध्यक्ष सुभाष कुमार बतवलें कि थाना क्षेत्र के लल्लू मोड़ पs एगो जुवक के हत्या गोली मारके कs दिहल गइल। जुवक सबेरे में टहल के घरे जात रहे। घटनास्थल के आसपास लागल सीसीटीवी फुटेज के देखल जा रहल बा, जल्दिये ममिला के खुलासा कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]