Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Patna Opposition Meet: पटना में आज 11 बजे विपक्ष के महाबैठक, 2024 के चुनाव के रणनीति बनावे खातिर जुटी 15 दल

भाजपा के खिलाफ पटना में एकजुट होखे वाला 15 दलन के लगे लोकसभा के 153 सीट बा जबकि अकेले भाजपा के लगे लोकसभा के 303 सीट बा। विपक्षी एकता के मुहिम में सामिल दलन में सबसे जादे 53 सीट कांग्रेस के लगे बा। राजद भाकपा माले आ पीडीपी समेत तीन दल अइसन बा जेकरा लगे एको लोकसभा सीट नइखे। एकरा अलावे आउर 11 दलन के लगे 100 सीट बा।

1,398

केंद्र से भाजपा के विदाई के लक्ष्य के संगे विपक्षी एकजुटता के महाबैठक सुक के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सरकारी आवास इस्थित संवाद कक्ष में सबेरे 11 बजे से होई। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पहल पs हो रहल ई बैठक एह मायने में महत्वपूर्ण बा  कि कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे सहित देस के तमाम विपक्षी दल के नेता एह बैठक में मवजूद रही लो। ई पहिला मवका बा जब केंद्र में नरेंद्र मोदी के सरकार के खिलाफ एह तरे से विपक्षी एकजुटता के लेके बैठक हो रहल बा।

पीएम पद के बात ना होके वन फार वन फार्मूला पs होई चरचा

विपक्षी एकजुटता ले लेके हो रहल महाबैठक में एह बात पs कवनो चरचा ना होई कि जदि विपक्ष के केंद्र में सरकार बनावे के मवका मिलल तs प्रधानमंत्री के होई। बैठक में विपक्षी एकजुटता के चरचा एह संदर्भ में होई कि 2024 के लड़ाई में वन फार वन फार्मूले के आगे बढ़ावल जाये। एकरा मूल में ई बा कि जवना राज्य में जवन दल भाजपा के जहां कहीं हरावे के इस्थिति में बा ओहिजा संपूर्ण विपक्ष मिलके ओकर साथ देवे। एकरा खातिर आपन हित के अनदेखी कs के केंद्र में भाजपा के हरावे के बात के धेयान रखल जाव।

देस के ज्वलंत मुद्दन पs विपक्षी दिग्गज रखी लो आपन बात

मुख्यमंत्री के आरंभिक संबोधन से सुरू होखे वाला एह महाबैठक में विपक्ष के दिग्गज देस के ज्वलंत मुद्दन पs आपन राय रखी  लो। एह क्रम में मंहगाई, बेरोजगारी, धार्मिक उन्माद के हवा देवे आ संवैधानिक संस्थानन पs भाजपा के कब्जा कइल गइला पs विशेष रूप से चरचा होई। संगही समूचा देस खातिर जाति आधारित गणना करावे पs चरचा होई। बतावल जाई कि देस के बचाने खातिर कवना तरे से विपक्ष के एकजुट होखल जरूरी बा

बात बनल तs संयोजक के नाम होई तय

विपक्षी एकजुटता के महाबैठक पटना में करावाल जाये के प्रस्ताव पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी देले रहली। एक बेर एह महाबैठक के तारीख तय होखला के बाद एह वजह से स्थगित करे के पड़ल रहे कि राहुल गांधी देस में ना रहे। उनका अइला के बाद महाबैठक के नया तारीख तय भइल। एह बात के आसार बा कि जदि सब कुछ सही रहल तs विपक्षी एकता के अभियान के आउर बढ़ावे खातिर संयोजक के नामो एह महाबैठक में तय हो जाई।

15 विपक्षी दलन के लगे लोकसभा के 150 से बेसी सीटें

भाजपा के खिलाफ पटना में एकजुट होखे वाला 15 दलन के लगे लोकसभा के 153 सीट बा जबकि अकेले भाजपा के लगे लोकसभा के 303 सीट बा। विपक्षी एकता के मुहिम में सामिल दलन में सबसे जादे 53 सीट कांग्रेस के लगे बा। राजद भाकपा माले आ पीडीपी समेत तीन दल अइसन बा जेकरा लगे एको लोकसभा सीट नइखे। एकरा अलावे आउर 11 दलन के लगे 100 सीट बा। एमे सबसे जादे 24 सीटें डीएमके के लगे बा।  एकरा अलावे ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस के लगे 23, शिवसेना के उद्धव ठाकरे गुट के लगे 19 आ मेजबान जदयू के लगे 16 लोकसभा सीट बा।

विपक्षी दलन के ताकत

दल – लोकसभा सांसद

काग्रेस – 53

डीएमके – 24 टीएमसी – 23

शिवसेना – 19

जदयू – 16 एनसीपी – 05

समाजवादी पार्टी – 03

नेशनल कांफ्रेंस – 03

सीपीएम – 03

सीपीआइ – 02

जेएमएम – 01

आप – 01

राजद – 00

पीडीपी – 00

भाकपा माले – 00।

ई लोग पहुंचल 

1. बंगाल की मुख्यमंत्री ममता बनर्जी

2. दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल

3. पंजाब के मुख्यमंत्री भगवंत मान

4. भाकपा नेता डी राजा

5. जम्मू कश्मीर की पूर्व मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती

ई नेता आज आई लो

1. कांग्रेस नेता राहुल गांधी

2. कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे

3.यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

4. पूर्व केंद्रीय मंत्री आ एनसीपी सुप्रीमो शरद पवार

5. महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे

6. सीपाीएम के महासचिव सीताराम येचुरी

7. तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन

8. जम्मू-कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला

9. झारखंड के मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन

पांच राज्यन के मुख्यमंत्री रही लोग मवजूद

1. एमके स्टालिन- तमिलनाडु

2. ममता बनर्जी- पश्चिम बंगाल

3. अरविंद केजरीवाल- दिल्ली

4.भगवंत मान – पंजाब

5. हेमंत सोरेन- झारखंड

पूर्व मुख्यमंत्रियो रही लोग मवजूद

1. अखिलेश यादव- उप्र

2. उद्धव ठाकरे- महाराष्ट्र

3. महबूबा मुफ्ती- जम्मू कश्मीर

4. उमर अब्दुल्ला- जम्मू कश्मीर

एह दलन के रही उपस्थिति

1. कांग्रेस

2. राजद

3. जदयू

5. सपा

6. तृणमूल कांग्रेस

7. राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी

8. डीएमके

9. भाकपा

10. माकपा

11. भाकपा (माले)

12. शिव सेना (उद्धव-बाला साहब ठाकरे)

13 पीडीपी

14. नेशनल कांफ्रेंस

16. आप

17. आरएलडी

18 आल इंडिया युनाइटेड डेमोक्रेटिक फ्रंट

साभार: दैनिक जागरण

575130cookie-checkPatna Opposition Meet: पटना में आज 11 बजे विपक्ष के महाबैठक, 2024 के चुनाव के रणनीति बनावे खातिर जुटी 15 दल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.