[the_ad_group id="30365"]

छपरा: तार बदले आ मेगा ट्रांसफार्मर के मरम्मती खातिर प्रभुनाथ पावर सब-स्टेशन में 2 घंटा के होई पावर कट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के प्रभुनाथ नगर फीडर में दूसरको दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10 बजे से लेके दुपहरिया 12 बजे तक कइल जाई। प्रभुनाथ नगर पावर सबस्टेशन 33 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त लोड के बीच पावर सप्लाई में ट्रिप होखे के समस्या सोझा आ रहल बा।

जवना के लेके सोमार के पावर कट के काम कइल जात रहे। बाकी बांचल काम के पूरा करे खातिर मंगरो के पावर कट रही। एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लेके प्रभुनाथ नगर पावर प्लांट में पावर कट कs तार के बदलल आ ट्रांसफार्मर के मेंटेनेंस कइल जाए के बा।

सबेरे 10 से दुपहरिया 12 बजे तक सप्लाई बाधित रही

पावर कट के बारे में जानकारी देत कार्यपालक अभियंता बतवलें कि विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। जवना से बिजली ट्रिप होखे के समस्या हो रहल बा। उपभोक्तन कावर से अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत कइल गइल आ पावर सप्लाई बढ़ावल अनिवार्य बा।

जवना के लेके सबेरे 10:00 बजे से दुपहरिया 12:00 बजे तक कुछ क्षेत्रन में पावर सप्लाई बंद कs के तार आ आउर उपकरण के मरम्मत कइल जाई। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 1 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली से जुड़ल कामन के कs लेवे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]