Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराजगंज पहुंचल बुद्ध से कबीर तक यात्रा, जगह-जगह भइल कार्यक्रमन में हजारन के संख्या में लोग भइल सामिल

1,663

महाराजगंज। गोरखपुर शहर आ एकरा नीचिका के जिलन में आयोजित होखे वाला बुद्ध से कबीर तक यात्रा के पांच दिवसीय कार्यक्रम में तीसरा दिन के कार्यक्रम महाराजगंज जनपद में भइल। नगर इस्थित सेंट जोसेफ स्कूल में कार्यक्रम में सर्व धर्म समभाव, आपसी भाईचारा आ शान्ति, सौहार्द के विचारधारा के गीत संगीत आ नुक्कड़ नाटक के माध्यम से लइकन तक पहुंचावल गइल।

बुद्ध से कबीर तक आ एह यात्रा के उदेश्यन के बारे में बतावत  संस्था के संरक्षक डॉ विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात कबीर, बुद्ध आ गांधी के राह पs चले ले बात कहलें। वाराणसी से एह यात्रा में पहुंचल फादर आनंद लईकन के देस के भावी भविष्य बतावत ओह लोगन के भारत के संवैधानिक राष्ट्रवाद के विचारधारा आ संविधान के मूल कर्तव्यन आ अधिकारन के बारे में विस्तृत रूप से अवगत करवलें। बुद्ध से कबीर तक बैंड के द्वारा कबीर के पदन आ कौमी एकता के तरानन के माध्यम से संस्था के उद्देश्यन के संगीतमय प्रस्तुति दिहल गइल। जवना के उपस्थित दर्शक लोग खूब सराहल।

सेंट जोसेफ स्कूल के कार्यक्रम के बाद लईकन के साथे महाराजगंज के प्रतिष्ठित लोग नगर में एगो विशाल पदयात्रा निकालल। जवना में बहुसंस्कृति के प्रतीकन के रूप में अलग-अलग रंगन के झंडा आ तिरंगा लेले लोग यात्रा में भाग लिहल। इहाँ से ई यात्रा पूर्वांचल में ऐतिहासिक आ सांस्कृतिक महत्त्व रखने वाला बौद्धकालीन रामग्राम स्तूप पs पहुंचल जहवां जिलाधिकारी श्री सत्येन्द्र कुमार द्वारा फ्लैग ऑफ कs के स्थानीय यात्रा के सुरुआत कइल गइल। जहाँ से बौद्ध भिक्षुअन आ स्थानीय लोगन के संगे सोनाडी देवी मंदिर परिसर में पहुंचके ग्रामीणन के बीचे एगो संक्षिप्त कार्यक्रम के आयोजन भइल। यात्रा अपना अगिला पड़ाव पs चौक बाजार इस्थित गोरखनाथ मंदिर परिसर में पहुंचल जहाँ स्थानीय जन आ विद्यालय के बच्चन के बीच बैंड के संगीतमय प्रस्तुति आ वाराणसी से आइल प्रेरणा कला मंच के कलाकारन द्वारा एगो लघु नाटक खेलल गइल। जिलाधिकारी सत्येन्द्र कुमार बुद्ध से कबीर तक संस्था के प्रयासन के सराहना करत कहलें कि वर्तमान समय में समाज के बेहतरी खातिर एह तरे के कार्यक्रमन आ यात्रा के बहुते आवश्यकता बा। यात्रा में सामिल दर्शकन के एह कार्यक्रमन के माध्यम से संस्था के उद्देश्य के बेहतर तरीका से जाने के मवका मिली।

यात्रा प्रभारी एस ए रहमान बतवलें कि शान्ति, सद्भावना के प्रसार खातिर पांच दिन के ई यात्रा एह साल गोरखपुर आ निकटवर्ती जनपदन में निकालल जाई, जवना के तहत अलग-अलग स्थानन पs पदयात्रा, सांस्कृतिक कार्यक्रमन आ उद्बोधनन के माध्यम से लोगनके बीचे देस के एकता आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के प्रति जागरूकता के बात कइल जाई।

एह मवका पs बुद्ध से कबीर तक संस्था के श्रीमती अनुराधा मल्ल, पूर्व आइएएस गुजरात, अशोक सिंह, डीआईओएस महाराजगंज, श्रीमती लिली थॉमस, थॉमस फिलिप, हरिकेश पटेल, हैदर अली, जनार्दन गुप्ता, दीपक यादव, जगदम्बा राज, एस एस पटेल, शैलेन्द्र कबीर, ऋषभ मल्ल, क्षितिज, दीपक, राजमन, गोविन्द, अजीत सिंह आदि मवजूद रहल लो।

390600cookie-checkमहाराजगंज पहुंचल बुद्ध से कबीर तक यात्रा, जगह-जगह भइल कार्यक्रमन में हजारन के संख्या में लोग भइल सामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.