New IDF Chief: इस्राइली PM नेतन्याहू मेजर जनरल इयाल जमीर के बनवलें सेना प्रमुख, मार्च में संभरिहें पदभार

Anurag Ranjan


इस्राइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू मेजर जनरल इयाल जमीर के इस्राइली सेना के नया प्रमुख नियुक्त कइले बाड़ें। इस्राइली पीएम नेतन्याहू सोशल मीडिया पs साझा पोस्ट में एकर जानकारी देलें। जमीर इस्राइली सेना के 24वां प्रमुख होखेम, लेफ्टिनेंट जनरल हर्जी हालेवी के जगह लिही। हालेवी बीतल महीना पद से इस्तीफा दे देले रहस। मेजर जनरल इयाल जमीर 6 मार्च के आईडीएफ चीफ के पद संभरिहें।

जनरल हालेवी पिछला महीना देले रहस इस्तीफा

इस्राइली मीडिया के अनुसार आ जनरल हालेवी इस्राइल हमास के बीच युद्धविराम के बाद अपना पद से इस्तीफा देवे के एलान कs देले बाड़ें। जनरल हालेवी सात अक्तूबर 2023 के भइल हमास के हमला में लापरवाही के बात सकारत अपना पद से इस्तीफा देलें। जनरल हालेवी मेजर जनरल इयाल जमीर के नया सेना प्रमुख बनावल गइला पs बधाई देलें। आईडीएफ चीफ बने के रेस में दु आ उम्मीदवार रहस, जेमे मेजर जनरल अमीर बाराम आ मेजर जनरल तामीर यादई के नाम सामिल रहे। हालांकि, पीएम मेजर जनरल इयाल जमीर पs भरोसा जतवलें।

हमास सनीचर के छोड़लस तीन गो बंधक

ओहिजा, इस्राइल हमास में युद्धविराम समझौता के तहत सनीचर के हमास तीन आउर बंधकन के रिहा कs दिहल। एमे अमेरिकी मूल के इस्राइली बंधक कीथ सीगल (65) के रेड क्रॉस के हवाले कइलस। एकरा पहिले हमास यार्दन बिबास (35) आ फ्रांसीसी मूल के इस्राइली नारिक ओफर कैल्डेरोन (54) के रेड क्रॉस के हवाले कइलस। ओने, इस्राइल एकरा बदला में ओकरा जेलन में बंद 183 फलस्तीनी कैदियन के रिहा कs देलस। युद्धविराम के पहिला चरण में हमास के ओर से इस्राइल के 33 बंधक छोड़ल जाई लो। छव हफ्ता तक चले वाला एह युद्धविराम में सइयन फलस्तीनी इस्राइल के जेलन से रिहा कइल जाई लो।

15 महीना चलल युद्ध

सात अक्तूबर 2023 के हमास इस्राइल पs हमला कइले रहे। एह हमला में करीब 1,200 इस्राइली नागरिक मारल गइल रहे लो। हमास करीब ढाई सौ लोगन के बंधक बना लेले रहे। एकरा बाद एह लोगन के गाजा ले जाइल गइल। एकरा जवाब में इस्राइल गाजा पट्टी पs हमला सुरू कइलस। इस्राइली हमलन में 46,000 से जादे नागरिक मारल जा चुकल बा लो। एह युद्ध के कारण गाजा पट्टी के 90 फीसदी आबादी के विस्थापन के सामना करे के पड़ल बा। ओहिजा, लोगन के सामने भुखमरी के संकटो खड़ा हो गइल।

Read Also: लाइव शो के दौरान Udit Narayan फीमेल फैन के होठन पs कs देलें Kiss, वीडियो वायरल होखते मचल बवाल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment