लाइव शो के दौरान Udit Narayan फीमेल फैन के होठन पs कs देलें Kiss, वीडियो वायरल होखते मचल बवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2025

Udit Narayan : उदित नारायण बॉलीवुड के दिग्गज सिंगर हवे। उनकर आवाज के फैंस दीवाना बा लो। उदित अपना अभी ले के करिअर में तमाम हिट गाना गवले बाड़ें। ओहिजा हाले में एगो लाइव परफॉर्मेंस

Share

udit narayan


Udit Narayan : उदित नारायण बॉलीवुड के दिग्गज सिंगर हवे। उनकर आवाज के फैंस दीवाना बा लो। उदित अपना अभी ले के करिअर में तमाम हिट गाना गवले बाड़ें। ओहिजा हाले में एगो लाइव परफॉर्मेंस के दौरान सिगंर एगो महिला फैन के संगे अइसने हरकत कs देलें कि अब उनका ऑनलाइन ट्रोलिंग के सामना करे के पड़ रहल बा।

लाइव शो में उदित कइलें फीमेल फैन के लिप पs किस

दरअसल, सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल एगो वीडियो में उदित नारायण टिप-टिप बरसल पानी पs परफॉर्म कs रहल बाड़ें। एही दौरान उनकर एगो महिला फैन उनका संगे सेल्फी लेला खातिर स्टेज के लगे आ गइल। तबे एगो महिला फैन पीछे मुड़के उनकर गाल पs किस कs लेलें। एकरा बाद सिंगर महिला के होठन पs किस कs देलें। एकरा बदे एगो आ फीमेल फैन उदित के लगे सेल्फी लेवे पहुंचल तs सिंगर ओकरा गालन पs किस कs देलें। अब उदित नारायण के लाइव परफॉर्मेंस के दौरान फीमेल फैंस के किस करे खातिर वीडियो सोशल मीडिया पs खूब वायरल हो रहल बा।

ट्रोल हो रहे Udit Narayan

ओहिजा, उदित नारायण के लाइव शो के दौरान महिला फैंस के किस करे के वीडियो वायरल होखला के बाद हंगामा मच गइल बा। उनका के सोशल मीडिया पs बड़ पैमाना पs ट्रोल कइल जा रहल बा। एगो यूजर लिखलें, ” भाई लागत बा कि उदित जी गाना के संगे कुछ जादे ढल गइल रहस।” एगो आउर लिखलें, ‘ठरकी’ तs दूसरका लिखलें “इनको के डिवोर्स के खबर अब जल्दिये आवे वाला बा”। एगो आउर लिखलें, ” आदित्य अपना पापा के संभारs”।

उदित नारायण ममिला पs क्या कहलें?

ओहिजा, एह पूरा ममिला पs अब उदित नारायण चुप्पी तुड़ले बाड़ें। उदित एचटी सिटी के दिहल इंटरव्यू के दौरान कहलें, “ फैंस एतना दीवाना होले लो ना। हमनी लोग अइसन नइखी सs। हमनी के डिसेंट लोग हई सs। कुछ लोग एकरा के बढ़ावा देत बा आ एह तरे आपन पेयार देखावत बा लो। भीड़ में बहुत लोग रहस आ हमनी के बॉडीगार्ड उहां रहस। बाकिर फैंस सोचत बा लो कि उनका मिले के चांस मिल रहल बा। एहिसे कुछ लोग मिलावे खातिर हाथ बढ़ावत बा कुछ हाथ पs के करत बा। ई सब दीवानगी होत बा। ओह पs एतना ध्यान ना देवे के चाहीं।”

Read Also: Delhi Weather: दिल्ली एनसीआर में जीरो विजिबिलिटी, आईएमडी जारी कइलस येलो अलर्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.