[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: फरार एंबुलेंस-मरीज माफिया पs इनाम घोषित करे के तइयारी, चारगो के बा तलाश जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला में मेडिकल कॉलेज गेट पs पुलिस पs हमला करे वाला आरोपियन के तलाश में पुलिस दबिश दे रहल बा। बाकिर पांच दिन के बादो चार में से एको आरोपीयन के पुलिस पकड़ ना पवलस। पुलिस अब फरार आरोपियन पs इनाम घोषित करे के तइयारी कइले बा।

जानकारी के मुताबिक, कार्रवाई से नाराज प्राइवेट एंबुलेंस-मरीज माफिया 11 जुलाई के रात में पुलिसकर्मियन पs हमला कs देले रहे। एह दउरान पुलिस पs गाड़ी चढ़ावे के कोशिश के साथे ही मारपीट भइल रहे । पुलिस चार आरोपियन के मौके पs पकड़ लेले रहे, बकिर चार आरोप फरार हो गइल रहे।

सीसीटीवी कैमरा अउर अन्य स्रोतन के मदद से पुलिस  आरोपियों के पहचान कs लेले बा, बाकिर अभियो आरोपी पकड़ में ना अपवलस एसपी नार्थ मनोज कुमार अवस्थी बतवालें कि आरोपियों के तलाश में पुलिस टीम लागल बा। फरार आरोपियन पs इनाम घोषित कइल जाई।

मौके से गिरफ्तार आरोपियन के पहचान चिलुआताल के फत्तेपुर निवासी रिजवान, मुहम्मद अकशिम आ रियासुद्दीन अउर  मिर्जापुर एफसीआई रोड निवासी औरंगजेब के रूप में भइल। बकिर एकर साथे आसिफ अली उर्फ गोलू निवासी फतेपुर थाना चिलुआताल आ तीन अज्ञात मौके से फरार होखे में कामयाब हो गइल रहे ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]